टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

साल 2024 में बिरयानी भारतीय के पहिला पसंद, डोसा दूसरका स्थान पs

08:51 AM Dec 25, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

बिरयानी लगातार नौवां साल भारतीयन के पहिला पसंद बनल रहल. एह साल एक जनवरी से 22 नवंबर के बीच 8.3 करोड़ बिरयानी मंगावल गइल. मतलब कि लोग हर मिनट 158 बिरयानी आ हर सेकेंड में दू गो बिरयानी मंगावत रहले। एकरा बाद डोसा 2.3 करोड़ के ऑर्डर के संगे दूसरा स्थान पs रह गईल।
स्विगी के 'फूड ट्रेंड रिपोर्ट' के मुताबिक लगातार नौवां साल बिरयानी सबसे जादा मंगावल खाद्य पदार्थ बनल रहल। एह में चिकन बिरयानी सबसे जादा पसंद कइल गइल श्रेणी में 4.9 ऑर्डर मिलल। दक्षिण भारत में हैदराबाद के लोग चिकन बिरयानी के अधिकतम 97 लाख मंगवले। बेंगलुरु 77 लाख ऑर्डर के साथ दूसरा स्थान पs रहे आ चेन्नई 46 लाख ऑर्डर के साथ तीसरे स्थान पs रहे। चिकन बर्गर के बाद बिरयानी दूसरा सबसे पसंदीदा पकवान रहे जवन देर रात खाइल जाला। सबेरे 12 से 2 बजे के बीच चिकन बर्गर के 18.4 लाख ऑर्डर आईल।

Advertisement

बेंगलुरु एह साल भी मसाला डोसा खाए में आपन दबदबा बनवले रखले बा। उहाँ के लोग एक जनवरी से 22 नवंबर के बीच 25 लाख डोसा के ऑर्डर देले। दिल्ली, चंडीगढ़ अवुरी कोलकाता में छोला, आलू पराठा अवुरी कचौरी के सबसे जादे मंगावल गईल।

बेंगलुरु के ग्राहक 49,900 रुपया के सबसे महंगा पास्ता खईले
बेंगलुरु के एगो ग्राहक एह साल पास्ता पर 49,900 रुपिया खरच कइलस. उ लगभग 55 अल्फ्रेडो, 40 मैक एंड चीज अवुरी 30 स्पेगेटी प्लेट्स ऑर्डर देलस। रात के खाना के ऑर्डर कुल 21.5 करोड़ रहल जवन कि लंच के ऑर्डर से 29% जादा बा।

लंच पs भारी पड़ल डिनर
एह साल स्विगी के प्लेटफार्म पs रात के खाना के 21.5 करोड़ ऑर्डर दिहल गइल जवन लंच के मुकाबले करीब 29 फीसदी अधिका बा.

स्नैक्स में चिकन रोल पसंदीदा
चिकन रोल सबसे पसंदीदा स्नैक रहे जवना के 24.8 लाख ऑर्डर मिलल। चिकन मोमोस 16.3 लाख ऑर्डर के साथ दूसरा स्थान पs रहे आ आलू फ्राइज़ 13 लाख ऑर्डर के साथ तीसरे स्थान पs रहे।

डिलीवरी खातिर 1.96 अरब किलोमीटर के सफर
रिपोर्ट के मुताबिक, स्विगी के डिलीवरी पार्टनर कुल 1.96 अरब किलोमीटर के यात्रा कईले। इs कश्मीर से कन्याकुमारी तक 5.33 लाख गुना यात्रा के बराबर बा। मुंबई के कपिल कुमार पांडे 10,703 ऑर्डर पहुंचवले, जवन कि सबसे जादा बा। कोयंबटूर के कालीश्वरी एम 6,658 ऑर्डर देके महिला पार्टनर के बीच सबसे आगे रहली।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! पहिला स्टार संगीतकार “नौशाद”

Tags :
chicken biryanidosafavorite foodFoodmost ordered food in 2024 biryaniYear 2024चिकन बिरयानीडोसापसंदीदा फूडसाल 2024
Advertisement
Next Article