टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सिपाही भर्ती परीक्षा में अभ्यर्थियन के मिली पांच मिनट के अतिरिक्त समय, डीजी भर्ती बोर्ड जारी कइलस निर्देश

10:46 AM Aug 18, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

उत्तर प्रदेश में सिपाही बहाली के परीक्षा 23 से 31 अगस्त तक चली। एही बीच उम्मीदवारन के पांच मिनट के अतिरिक्त समयो दिहल जाई। भर्ती बोर्ड के अध्यक्ष/डीजी राजीव कृष्ण के कहनाम बा कि परीक्षार्थी परीक्षा के समय में पांच मिनट के अतिरिक्त समय देवे के मांग कइले रहले। जवना पs बोर्ड पांच मिनट के अतिरिक्त समय देवे के फैसला कइले बा।

Advertisement

उत्तर प्रदेश पुलिस भर्ती आ पदोन्नति बोर्ड एगो महत्वपूर्ण फैसला लिहले बा कि सिपाही बहाली परीक्षा में अभ्यर्थियन के पांच मिनट के अतिरिक्त समय दिहल जाई। भर्ती बोर्ड के अध्यक्ष/डीजी राजीव कृष्ण के कहनाम बा कि परीक्षार्थी परीक्षा के समय में पांच मिनट के अतिरिक्त समय देवे के मांग कइले रहले। जवना पs बोर्ड पांच मिनट के अतिरिक्त समय देवे के फैसला कइले बा।

अतिरिक्त समय के संबंध में केन्द्र प्रशासक आ अन्य संबंधित अधिकारी के दिशानिर्देश दिहल गइल बा। उत्तर प्रदेश पुलिसो इ जानकारी अपना एक्स अकाउंट पs साझा कइले बिया। एगो अधिकारी के कहनाम बा कि, कबो-कबो उम्मीदवार के जांच आ सुरक्षा से जुड़ल अउरी कारण से कुछ उम्मीदवार के एक-दु मिनट के देरी हो जाला। एकरा चलते उम्मीदवार अतिरिक्त समय देवे के मांग कइले रहले।

सिपाही बहाली के परीक्षा 23, 24, 25, 30 आ 31 अगस्त के दू पाली में करावल जाई। पहिला पाली के परीक्षा सबेरे दस बजे से दुपहरिया बारह बजे ले आ दुसरका पाली के परीक्षा दुपहरिया तीन बजे से साँझ पाँच बजे का बीच होखी।

उम्मीदवार के वेबसाइट पs एक बेर के 20 मिनट के बाद दूसरा प्रयास करे के चाही

उम्मीदवार अपना परीक्षा केंद्र के जिला के बारे में भर्ती बोर्ड के वेबसाइट प जानकारी ले सकऽतारे। शुक के सांझ के पांच बजे से इ सुविधा शुरू भइल। भर्ती बोर्ड के अधिकारी के मुताबिक अबही ले 24 लाख से जादे उम्मीदवार जिला सूचना पर्ची डाउनलोड कऽ चुकल बाड़े।

वेबसाइट प जादा लोड होखला के चलते जानकारी डाउनलोड करे में समस्या के इस्थिति में उम्मीदवार के सलाह दिहल गइल बा कि जदी उऽ एक कोशिश में असफल हो गइले तऽ करीब 20 मिनट के बाद दोबारा कोशिश करस। परीक्षा के तारीख से तीन दिन पहिले एडमिट कार्ड वेबसाइट पs उपलब्ध हो जाई।

Tags :
Constable ExamConstable RecruitmentUp constableuttar pradesh newsUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article