टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Congress First List: लोकसभा चुनाव खातिर कांग्रेस के पहिला लिस्ट आइल, जानीं के-कहां से होई उम्मीदवार

12:15 PM Mar 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

कांग्रेस लोकसभा चुनाव खातिर उम्मीदवारन के पहिला सूची जारी कs देले बिया। एमे राहुल गांधी से लेके छत्तीसगढ़ के पूर्व मुख्यमंत्री भूपेश बघेल के नाम सामिल बा। जहां राहुल के एक बेर फेर वायनाड से उम्मीदवार बनावल गइल बा, ओहिजा बघेल राजनांदगांव से पार्टी के प्रत्याशी होइहे। एकरा अलावे कांग्रेस वर्किंग कमेटी के सदस्य रह चुकल ताम्रध्वज साहू के पार्टी महासमुंद से मौका देले बिया।

Advertisement

पार्टी के 39 बड़ नामन में से 15 प्रत्याशी सामान्य वर्ग से बा लो। ओहिजा, एससी एसटी, ओबीसी आ अल्पसंख्यक वर्ग के 24 नेता लोगन के उम्मीदवार बनावल गइल बा।

कांग्रेस किसान न्याय, युवा न्याय आ हिस्सेदारी न्याय पs अपना वादा के रखलस। कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल कांग्रेस के तरफ से कइल गइल वादन के जानकारी देलें। ऊ कहलें कि हमनी के कइयन गो वादा कइले बानी सs। सरकार बनला पs कांग्रेस ओह वादन के पूरा करी। ऊ कहलें कि तेलंगाना आ कर्नाटक में हमनी के वादा पूरा कइले बानी। हमनी के 30 लाख नवहन के नौकरी देवे के वादा पूरा करेम सs।

'बंगाल-असम में सीट बंटवारा में समस्या'

कांग्रेस महासचिव केसी वेणुगोपाल कहलें, "हमनी के हर जगे INDIA गठबंधन के संगे जाये के हरसंभव प्रयास कs रहल बानी सs, बाकिर अभियो पश्चिम बंगाल, असम के कुछ हिस्सन में कुछ समस्या बा। फेरूओ हमनी के एकरा के सुलझावे के कोसिस कर रहल बानी सs। कांग्रेस पार्टी बिल्कुल स्पष्ट बिया कि हमनी के इहां भाजपा के सीट कम करे खातिर बानी सs।"

का अमेठी से चुनाव लड़िहें राहुल?

राहुल गांधी के अमेठी से चुनाव लड़े के सवाल पs वेणुगोपाल कहलें, ‘‘एह सूची के बारे में सीईसी बियफे के फैसला कइले रहे। सीईसी के अगिला बैठक 11 मार्च के होई। अगिला बैठक के बाद हमनी के सूची के बारे में बताएम सs।। सूची के इंतजार करीं।’’ ऊ कहलें कि कांग्रेस जादे से जादे सीट जीते के कोसिस में बिया, जवना से केंद्र से ‘फासीवादी’ सरकार के हटावल जा सके। हमनी के लक्ष्य जादे से जादे सीट जीते के बा।’’

कांग्रेस के लिस्ट में हर उमिर वर्ग के लोगन के मवका

कांग्रेस उम्मीदवारन के पहिला सूची में 15 उम्मीदवार सामान्य वर्ग से आ 24 उम्मीदवार अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति, अन्य पिछड़ा वर्ग आ अल्पसंख्यक समुदायों से बा। 12 उम्मीदवार 50 साल से कम उम्र के बा लो। आठ उम्मीदवार 50 से 60 बरिस के बीच के आ 12 उम्मीदवार 61 से 70 साल के बीच के जबकि सात उम्मीदवार 71 से 76 साल के बीच के बा लो।

मुख्य विपक्षी दल के उम्मीदवारन के पहिला सूची में सबसे अधिक 16 उम्मीदवार केरल से बा लो। कांग्रेस केरल के कुल 20 लोकसभा सीट में 16 पs चुनाव लड़ी। चार सीट पs सहजोगी दल चुनाव लड़ी। कांग्रेस छत्तीसगढ़ के छह, कर्नाटक के सात, तेलंगाना के चार, मेघालय के दु आ लक्षद्वीप, नगालैंड, सिक्किम आ त्रिपुरा के एक-एक सीट खातिर उम्मीदवार घोषित कइले बा।

पार्टी केरल में अपना 14 मवजूदा लोकसभा सदस्यन के फेर से चुनावी मैदान में उतरले बा। एकरा संगही छत्तीसगढ़ के कोरबा सीट से सांसद ज्योत्सना महंत आ कर्नाटक के बेंगलुरु ग्रामीण सीट से मवजूदा सांसद डीके सुरेश पs फेर से विश्वास जतवले बिया।

Tags :
Bhojpuri NewsBhupesh BaghelCongressCongress First ListLoksabha 2024 ElectionLoksabha ElectionRahul gandhi
Advertisement
Next Article