For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार: डीएलएड पहिला बरिस आ STET के 18 जून के परीक्षा स्थगित: बकरीद के लेके बोर्ड के फैसला

11:15 AM Jun 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार  डीएलएड पहिला बरिस आ stet के 18 जून के परीक्षा स्थगित  बकरीद के लेके बोर्ड के फैसला
Advertisement

डीएलएड पहिला बरिस के सत्र 2023-25 खातिर 18 जून के होखे वाला परीक्षा के स्थगित कs दिहल गइल बा। एह संबंध में बिहार बोर्ड के ओर से नोटिस जारी कइल गइल बा। जेमे लिखल बा कि 17 जून के बकरीद के धेयान में रखत पहिला दिन माने 18 जून के आयोजित होखे वाली परीक्षा के स्थगित कइल गइल बा। परीक्षा कब होई, एकरा खातिर आगे सूचना जारी कइल जाई।

Advertisement

ओहिजा, 19 से 25 जून तक पूर्व निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार परीक्षा लिहल जाई। पहिला पाली सबेरे 9:30 से 12:45 के बीच आ दूसरका पाली के परीक्षा दुपहरिया दु से शाम 5:15 बजे तक आयोजित होई।

एसटीईटी परीक्षा स्थगित

एकरा संगही STET 2024 (पहिला) के तहत 18 जून के आयोजित होखे वाला पेपर-II (वर्ग 11-12) के परीक्षा के समिति कावर से बकरीद के कारण स्थगित कs दिहल गइल बा। स्थगित परीक्षा के आयोजन के तिथि के संबंध में सूचना बाद में दिहल जाई।

Tags :
Advertisement