टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दद्दन यादव हत्या प्रकरण: अभी तक ना भइल आरोपी दारोगा के गिरफ्तारी, सपा के अनिश्चितकालीन धरना सुरू

09:28 AM Jun 18, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बरहज (देवरिया)/अखिलेश कुमार सिंह। बरहज थाना क्षेत्र के सतराव चौकी के इंचार्ज के हाथन से दद्दन यादव के कथित हत्या प्रकरण में आरोपी दारोगा बीरेंद्र कुशवाहा सहित आउर अभियुक्तन के विरुद्ध 21 मई के हत्या के केस दर्ज कs लिहल गइल रहे। एकरा बादो अभी ले गिरफ्तारी ना होखला के लेके समाजवादी पार्टी के अनिश्चित कालीन धरना सतराव पुलिस चौकी के सोझा सोमार के सुरू भइल आ सबेरे 10 बजे से सांझ छव बजे तक चलल।

Advertisement

समाजवादी पार्टी के सब नेता आ वक्ता सतराव निवासी दद्दन यादव के अकारण हत्या करे वाला दारोगा के बचावे के कुत्सित प्रयास के दुर्भाग्यपूर्ण बतावला लो। कहल लो कि आखिर का कारण बा कि बात -बात में बुलडोजर चलावे वाली सरकार हत्यारा दारोगा के बचा रहल बिया। का सारा नियम आ कानून खाली आम जनता पs लागू होला?

समाजवादी पार्टी के वक्ता लोग कहल कि सतराव पुलिस चौकी पs आयोजित एह अश्चितकालीन धरना कार्यक्रम के बाद अगिला पड़ाव पुलिस कप्तान के कार्यालय पs घेरा डालो डेरा डालो आंदोलन होई। सपाई लोग कहल कि अब तs इ तय बा कि चाहे हत्यारोपी दारोगा गिरफ्तार होई भा सपाइयन के आंदोलन जारी रही।

दद्दन यादव के पुलिसिया हत्या के विरोध में एह अनिश्चितकालीन धरना के आयोजन अभिनव यादव आ धीरज यादव के ओर से कइल गइल बा। समाजवादी पार्टी के धरना कार्यक्रम के जिलाध्यक्ष व्यास यादव, पूर्व जिलाध्यक्ष गेनालाल यादव, पूर्व विधायक स्वामीनाथ भाई, पूर्व विधायक मनबोध प्रसाद , चंद्रभूषण सिंह यादव, अखिलेश्वर चौधरी, रंजना भारती, बेचूलाल चौधरी, विजय प्रताप यादव, उमेश यादव, उदयप्रकाश यादव, रामबहादुर यादव, राजेश लोहिया, श्यामदेव यादव, श्यामबहादुर भारती, अंबिका यादव आदि ने संबोधित करत हत्यारोपी दारोगा के गिरफ्तारी के मांग कइल लो।

Tags :
Barhaj NewBhojpuri NewsDaddan Yadav Murder CaseDeoria Newsindefinite StrikeSamajwadi PartySatrav Police Out Post
Advertisement
Next Article