For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लोकसभा चुनाव खातिर कर्मियन के तइयार हो रहल बा डेटाबेस: NIC बिहार के वेब पोर्टल पs होई अपलोड, मतदान केंद्रन के लिहल जा रहल बा जायजा

05:44 PM Feb 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
लोकसभा चुनाव खातिर कर्मियन के तइयार हो रहल बा डेटाबेस  nic बिहार के वेब पोर्टल पs होई अपलोड  मतदान केंद्रन के लिहल जा रहल बा जायजा
Advertisement

भारत निर्वाचन आयोग के निरदेस पs सीवान में पूरा जोर-शोर से आवे वाला लोकसभा चुनाव के तइयारी चल रहल बा। बीतल हफ्ता मतदाता सूची के प्रकाशन कइल गइल बा। ओहिजा अब मतदान में सामिल होखे वाला कर्मियन आ अधिकारियन के प्रशिक्षण दिहल जा रहल बा। मतदान केंद्रन के इस्थिति के जायजा लिहल जा रहल बा। एकरा खातिर अधिकारियन, कर्मियन के डेटाबेस बनावल जा रहल बा। जेमें सरकारी कर्मचारी, बैंक कर्मी, स्कूल के शिक्षक, अधिकारी आदि सामिल बा लो।

Advertisement

अभी ले बहुत अइसन अधिकारी आ कर्मी बा लो, जे जिला निर्वाचन विभाग के अभी तक आपन डेटाबेस उपलब्ध नइखे करवले लो। सीवान जिला अधिकारी सह निर्वाचन पदाधिकारी मुकुल कुमार गुप्ता अइसन कर्मियन के ऊपर कार्रवाई के निरदेस देले बाड़ें। सब कर्मियन के डेटाबेस NIC बिहार के वेब पोर्टल पs अपलोड कर के बा।

NIC बिहार के वेब पोर्टल पs अपलोड डाटा के अनुसार कर्मियन आ अधिकारियन के चुनाव में ड्यूटी लगावल जाई। जिला अधिकारी सीवान जिला के सब कार्यालय के कार्यालय प्रधान के कर्मियन आ अधिकारियन के डेटाबेस तइयार करे के निरदेस देले बाड़ें। जवनामें कर्मी के नाम, विभाग के नाम, पद के नाम, मोबाइल नंबर, पूरा पता प्रखण्ड के नाम आ पदस्थापित स्थान के नाम सहित कइयन तरे के जानकारी मांगल गइल बा।

बिहार के मुख्य निर्वाचन पदाधिकारी के निरदेस पs डेटाबेस तइयार कइल जा रहल बा। एकरा के लेके जिला पदाधिकारी आज सख्त निरदेस देले बाडें कि सब कर्मी आपन डेटाबेस जल्दी से जल्दी जिला निर्वाचन विभाग के उपलब्ध करा देवे लो, ना तs ओह लोगन के ऊपर कार्रवाई कइल जाई।

Tags :
Advertisement