For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Gorakhpur News: गूगल से डीडीयू के करार, छात्र के मिली डिजिटल शिक्षा के सुविधा

01:06 PM Jan 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
gorakhpur news  गूगल से डीडीयू के करार  छात्र के मिली डिजिटल शिक्षा के सुविधा
Advertisement

Advertisement

दीनदयाल गोरखपुर विश्वविद्यालय के विद्यार्थियन के अब बेहतर डिजिटल शिक्षा मिली। एकरा खातिर विश्वविद्यालय गूगल के संगे एगो विशेष सेवा खातीर समझौता कईले बिया। जेकर नाम हs- गूगल वर्क स्पेस फॉर एजुकेशन। एकरा मदद से विश्वविद्यालय में ना खाली डिजिटल शिक्षा के बढ़ावा दिहल जाई, बालुक गूगल क्लासरूम, गूगल मीट आदि जईसन अतिरिक्त फीचर से छात्र के सीधा फायदा भी हो सकता। एकरा संगे विश्वविद्यालय के शिक्षक अवुरी अधिकारी के ईमेल जानकारी सुरक्षित अवुरी भरोसेमंद हो जाई।

गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन गोरखपुर विश्वविद्यालय के ईमेल के सुरक्षित आ भरोसेमंद बनावे खातिर गूगल के साथे एगो विशेष सेवा पs हस्ताक्षर कs के डिजिटल सेवा के क्षेत्र में अभूतपूर्व कदम उठवले बाड़ी। गूगल के संगे संस्थागत ईमेल के एकीकरण से सभ शिक्षक अवुरी अधिकारी के सरकारी जानकारी के निर्बाध आदान-प्रदान में बहुत सुविधा मिली। एकरा संगे गूगल के अवुरी बहुत सुविधा जईसे गूगल क्लासरूम, गूगल मीट आदि के संगे अतिरिक्त फीचर भी उपलब्ध होई। एहसे विश्वविद्यालय में डिजिटल शिक्षा के ओर बहुत बढ़ावा मिली।

गूगल से भईल समझौता के बाद गोरखपुर विश्वविद्यालय आपन वेबसाइट अपडेट करे के काम शुरू कs देले बा। जल्दिए विश्वविद्यालय के वेबसाइट के नया अंदाज में लॉन्च कइल जाई।

गूगल के संगे एगो विशेष सेवा खातीर समझौता भईल बा। जवना से डिजिटल शिक्षा के ओर बहुत बढ़ावा मिली। एकरा अलावे शिक्षक अवुरी अधिकारी के ईमेल सुरक्षित अवुरी भरोसेमंद होई। एकरा अलावे विश्वविद्यालय के वेबसाइट के अपडेट करे के काम भी हो रहल बा।

Tags :
Advertisement