टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे-सबेरे: बदलत जीवनशैली में रहल चाहत बानी स्वस्थ, तs रोज करीं इs 3 गो योगा

08:24 AM Dec 25, 2024 IST | Minee Upadhyay
योगा
Advertisement

आजकल बदलत जीवनशैली आ गलत खानपान के चलते लोग के स्वास्थ्य से जुड़ल बहुत समस्या के सामना करे के पड़ेला। आपन व्यस्त जीवन में हमनी के आपन ख्याल राखल भूला जानी जा। कई बेर अस्वास्थ्यकर खाद्य पदार्थ हमनी के स्वास्थ्य पs भी असर डालेला, बाकिर जदी आप अपना के फिट राखल चाहतानी तs आप एs योग आसन के अपना जीवनशैली में शामिल कs सकतानी। एकरा से आप बहुत दिन ले स्वस्थ रहब। तs आईं हमनी के एह योगासन के बारे में जानल जाव…

Advertisement

गरुडासन

गरुडासन में साँस लेत घरी खड़ा हो जाई।बायां गोड़ के उठा के दाहिना गोड़ पs आराम करीं। एकरा संगे बायां जांघ दाहिना जांघ पे टिकल रही अउरी बायां गोड़ के पैर के उंगली जमीन पs राखी।अब बायां गोड़ के हिला के ओही तरह से दाहिना गोड़ के पीछे ले आईं ताकि बायां पंजा पे टिकल होखे।अब दुनो बांह के आगे बढ़ाईं।अब दाहिना हाथ के बायां बांह के ऊपर रख के दुनो कोहनी के 90 डिग्री पs मोड़ के दाहिना हाथ के बायां बांह के आगे ले आईं।दुनु हथेली के जोड़ लीं। कोशिश करीं कि बांह जमीन के समानांतर राखल जाव।एह मुद्रा में 1 मिनट ले खड़ा रहीं अउरी दूसरा ओर भी इहे प्रक्रिया दोहराईं।

सेतुबंधासन

एह आसन के ब्रिज पोज योग भी कहल जाला। सेतुबंधासन करे खातिर पहिले पीठ के बल लेट जाइ। अब गोड़ के कंधा के चौड़ाई से अलग राखीं आ घुटना मोड़ दीं. हथेली खोल के हाथ सीधा जमीन पs राखीं। साँस लेत घरी कमर के ऊपर के ओर उठाईं अवुरी कंधा अवुरी सिर के समतल जमीन पs राखी। बाद में साँस छोड़त घरी फेर से पुरान स्थिति में आ जाईं.

मत्स्यासन

मत्स्यासन करे खातिर पीठ पs लेट के दुनो हाथ कमर से नीचे राखीं। अब छाती के संगे माथा उठाईं अवुरी ओकरा बाद माथा के ऊपरी हिस्सा के जमीन पs दबाई.अवुरी पीठ के निचला हिस्सा के दबाईं। 5-7 बेर साँस रोक के छाती से गहिरा साँस लीं आ ओकरा बाद इहे प्रक्रिया दोहराईं.

अस्वीकरण: लेख में बतावल गइल सलाह आ सुझाव खाली सामान्य जानकारी खातिर बा आ एकरा के प्रोफेशनल मेडिकल सलाह के रूप में ना लिहल जाय। अगर रउरा कवनो सवाल भा चिंता बा तs हमेशा अपना डॉक्टर से सलाह लीं.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: अंगूरी आ कलाइ के दर्द से छुटकारा पावे खातीर जरूर करीं इs 3 गो योगासन

Tags :
Beginning of YogaGood Morning NewsHealthhealth news in BhojpuriHealthy HabitLifestylelifestyle news in bhojpuriSurya NamaskarYoga News in BhojpuriYogasanaगरुडासनमत्स्यासनसेतुबंधासन
Advertisement
Next Article