टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

भोजपुरी जन जागरण अभियान के अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल बिहार के विपक्षी दलन के समूह महागठबंधन के आभार जतवलें। 

03:38 PM Oct 17, 2024 IST | Sonu Kishor
भोजपुरी जन जागरण के अध्यक्ष संतोष पटेल
Advertisement

भोजपुरी के संवैधानिक दर्जा के मांग करे खातिर भोजपुरी जन जागरण अभियान के अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल बिहार के विपक्षी दलन के समूह महागठबंधन के आभार जतवलें।

Advertisement

बता दीं कि भोजपुरी जन जागरण अभियान भोजपुरी भाषा के संविधान के आठवीं अनुसूची में दर्ज करे खातिर देशव्यापी आंदोलन चला रहल बा। एही क्रम में संस्था द्वारा भोजपुरी के संविधानिक मान्यता खातिर दिल्ली के जंतर मंतर पऽ 2015 से संसद के हरेक सत्र में करीब 23 धरना प्रदर्शन के आयोजित कइल जा चुकल बा, साथहीं भारत सरकार के एह मामला में हर बेर ज्ञापन दिहल गइल बा बाकिर इ मांग लंबित बा।

जानकारी खातिर बता दी केंद्र सरकार एही माह में शास्त्रीय भाषा में मराठी, पाली, प्राकृत, असमिया आ बंगाली के जोड़ले बिया जबकि पहिले तमिल, मलयालम, संस्कृत, तेलुगु, कन्नड़ आ ओडिया के इ दर्जा मिलल रहे।

बिहार के विपक्षी पार्टियन के महागठबंधन मांग कइले बिया कि भोजपुरी के बिहार सरकार के आधिकारिक भाषा के दर्जा दिहल जाव आ केंद्र सरकार के भोजपुरी के संविधान के आंठवी अनुसूची में स्थान देवे।

भोजपुरी जन जागरण अभियान के अध्यक्ष डॉ. संतोष पटेल महागठबंधन के धन्यवाद देत कहले कि एह मांग से 20 करोड़ भोजपुरी भाषियन में एगो आस जागल बा। अब हमनीं के बिहार के मुख्यमंत्री, नीतीश कुमार आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से राज्य में भोजपुरी के द्वितीय राजभाषा के दर्जा देवे के निवेदन करऽ तानी। उत्तर प्रदेश सरकार कबीर भोजपुरी अकादमी गठन करे के काम पूरा करे। उहे बिहार सरकार भोजपुरी अकादमी के सुदृढ़ बनावे के सार्थक पहल करे।

भोजपुरी जन जागरण के महामंत्री अभिषेक भोजपुरिया, मुखदेव बैठा, डॉ. पुष्कर, अभियान के राष्ट्रीय समन्वयक भाई मनोज कुमार सिंह, कानूनी सलाहकार आर्यन कुमार, राष्ट्रीय संयोजक भाई राजेश भोजपुरिया, राष्ट्रीय कोषाध्यक्ष देवेंद्र कुमार, राष्ट्रीय प्रवक्ता डॉ. राणा अवधूत, प्रवीण सिंह आ स्यंदन सुमन सहित संरक्षक डॉ. गोरख प्रसाद मस्ताना, डॉ. ज्वाला प्रसाद, कृष्ण कुमार, गंगा प्रसाद अरुण, जयप्रकाश फकीर केशव भारद्वाज, धमेंद्र कुमार, हरीश कुमार व राष्ट्रीय सलाहकार श्री प्रमोद कुमार सुमन, चंदन कुमार सहित सचिव डॉ. मनोज कुमार, सीके भट्ट, संतोष यादव, शालिनी कपूर, इंद्रमोहन यादव, महिला मोर्चा के अध्यक्ष विजय लक्ष्मी, रंजू पटेल, दिल्ली प्रदेश के अध्यक्ष अमित कनौजिया, असम के अध्यक्ष भाई धमेंद्र महतो, दिल्ली विश्वविद्यालय के अध्यक्ष ओम प्रकाश, बनारस से अनिकेत रंजन, आरा से रामयश विकल सहित अनेक लोग खुशी जाहिर कइलें।

 

Tags :
Bhojpuri jan jagranBhojpuri Jan Jagran AbhiyanBhojpuri NewsSahitya News in Bhojpuri
Advertisement
Next Article