For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

JP यूनिवर्सिटी के कॉलेज में स्टूडेंट्स के एंट्री रही बैन: 12वीं आ 10वीं के परीक्षा के लेके आदेश जारी, ऑनलाइन चली क्लास

12:44 PM Feb 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
jp यूनिवर्सिटी के कॉलेज में स्टूडेंट्स के एंट्री रही बैन  12वीं आ 10वीं के परीक्षा के लेके आदेश जारी  ऑनलाइन चली क्लास
Advertisement

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति कावर से 12वीं के परीक्षा लिहल जा रहल बा। एह दौरान जयप्रकाश विश्वविद्यालय आ एकरा अंगीभूत महाविद्यालय मे शिक्षण के काम पूरा तरीका से बाधित रही। जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलसचिव विज्ञप्ति जारी करत कहलें कि सीवान, छपरा आ गोपालगंज के सब अंगीभूत महाविद्यालयन मे शिक्षण कार्य बंद रखे के निरदेस दिहल गइल बा।

Advertisement

संगही एह महाविद्यालयन मे विद्यार्थियन के प्रवेश पs पूरा तरे से रोक रही। 12वीं के परीक्षा समाप्त होखतही 10 वीं के परीक्षा सुरू होई। ओह दौरान महाविद्यालय परिसर मे विद्यार्थियन के प्रवेश पs रोक रही।

कर्मचारियन के मिली प्रवेश

कुल सचिव बतवलें कि एह दौरान महाविद्यालय आ विश्वविद्यालय के कार्यालय खुलल रही। जेमे प्रशासनिक आ आउर काम जारी रही। परीक्षा के दौरान महाविद्यालय में परीक्षार्थी आ वीक्षक के अलावा महाविद्यालय के कर्मचारियन के प्रवेश मिली।

ऑनलाइन चली क्लास

जेतना दिन तक 10वीं आ 12वीं के परीक्षा चली, ओतने दिन तक ऑनलाइन क्लास चलावे के निरदेस दिहल गइल बा। सब कॉलेज के प्रोफेसरन के अलग-अलग क्लास खातिर ऑनलाइन क्लास लेवे के होई। एह दौरान सब विद्यार्थियन के मोबाईल नंबर पs लिंक भेजल जाई। जवना पs रजिस्टर कs के ऑनलाइन क्लास कइल जा सकत बा। विद्यार्थियन के ऑनलाइन क्लास मे न्यूनतम 75 प्रतिशत क्लास लेवही के होई।

Tags :
Advertisement