टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अंतरराष्ट्रीय यात्री डाटा: एयरलाइन संचालकन के सूचना कस्टम्स के देवे के होई,1 अप्रैल से अनिवार्य होई शर्त

02:35 PM Dec 31, 2024 IST | Minee Upadhyay
कस्टम से डाटा साझा करीं एयरलाइंस
Advertisement

अंतर्राष्ट्रीय यात्री डेटा साझा करे के मामला में साल 2025 में बहुत बड़ बदलाव होई। अप्रैल 2025 से एयरलाइन संचालकन के अनिवार्य रूप से ई जानकारी सीमा शुल्क के साझा करे के पड़ी. अगिला साल एक अप्रैल से अगर कंपनी एह अनिवार्य शर्त के पालन ना करी तs ओकरा पs भारी जुर्माना लगावल जा सकेला. एयरलाइंस के राष्ट्रीय सीमा शुल्क लक्ष्यीकरण केंद्र-यात्री (एनसीटीसी-पैक्स) में भी अनिवार्य रजिस्ट्रेशन करावे के होई।

Advertisement

एयरलाइंस संचालक जानकारी देवे से इनकार नईखे कs सकत
केंद्रीय अप्रत्यक्ष कर आ सीमा शुल्क बोर्ड (सीबीआईसी) के बयान के मुताबिक, जदी भारत आवे वाला चाहे इहाँ से दोसरा जगह जाए वाला उड़ान में यात्रा करेवाला यात्री से जुड़ल जानकारी मांगल जाए तs एयरलाइन संचालक एs जानकारी के साझा करे से इनकार नईखन कs सकत। सभ हवाई परिवहन सेवा प्रदाता के 10 जनवरी 2025 तक राष्ट्रीय सीमा शुल्क लक्ष्यीकरण केंद्र-यात्री (एनसीटीसी-पैक्स) में रजिस्ट्रेशन करावे के होई, ताकि एs शर्त के पालन कईल जा सके।
उड़ान से 24 घंटा पहिले जानकारी देवे के होई
नया नियम के मुताबिक अंतरराष्ट्रीय उड़ान के रवाना होखे से 24 घंटा पहिले मोबाइल नंबर अवुरी भुगतान के तरीका के जानकारी सीमा शुल्क के अधिकारी से साझा करे के होई। एकरा अलावे यात्रा कार्यक्रम के विवरण भी देवे के होई। एकर मकसद बा कि अधिकारियन के प्रतिबंध लगावे के क्षमता में सुधार कइल जाव आ साथही यात्री लोग खातिर जोखिम विश्लेषण में सुधार कइल जाव.

पीएनआरजीओवी सिस्टम : जानकारी ना देवे के का जुर्माना बा
अगर एयरलाइन डाटा साझा ना करे तs सीमा शुल्क विभाग के नियम के मुताबिक अनुपालन ना कईला पs 25-50,000 रुपया के जुर्माना लगावल जा सकता।  सीबीआईसी कहले बिया कि एनसीटीसी-पैक्स के मदद से नया नियम लागू करे के बा। एकरा के जनवरी 2025 से चरणबद्ध तरीका से लागू कईल जाई। कुछ एयरलाइन संचालक एह पायलट प्रोजेक्ट के लागू करे खातिर एह अभ्यास में भाग लेबे पs सहमत हो गइल बाड़े. सीमा शुल्क विभाग के कहल बा कि पीएनआरजीओवी सिस्टम से यात्रियन से जुड़ल महत्वपूर्ण जानकारी एकट्ठा कइल जाई. पायलट चरण के 10 फरवरी 2025 ले लागू करे के बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

Tags :
AirlinesAirlines passenger data sharingCBICForeign Passengersindia newsInternational Air PassengersInternational FlightPNR data sharing
Advertisement
Next Article