टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छत्तीसगढ़ के पूर्व IAS अधिकारी गोपालगंज में गिरफ्तार :776 करोड़ रुपिया के घोटाले के बा आरोप

10:33 AM Apr 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोपालगंज के भोरे थाना क्षेत्र के सिसई गांव में छत्तीसगढ़ के एसीबी के टीम 776 करोड़ के घोटाला के आरोपी अरुणपति त्रिपाठी के पुलिस के सहजोग से गिरफ्तार कइल गइल बा। आरोपी के एसीबी के टीम अपना संगे छत्तीसगढ़ लेके गइल बिया।

Advertisement

पुलिस अधीक्षक स्वर्ण प्रभात, अरुण पति त्रिपाठी के गिरफ्तारी के पुष्टि करत बतवलें कि एसीबी के टीम 11 अप्रिल 2024 के गोपालगंज पुलिस के सहजोग से सिसई गांव में छापेमारी कइले रहे। एह दौरान अपना रिश्तेदार के घरे रह रहल अभियुक्त अरुण पति त्रिपाठी के गिरफ्तार कइल गइल। छत्तीसगढ़ के सेक्टर 9 भिलाई निवासी प्रकाश पति त्रिपाठी के बेटा अरुणपति त्रिपाठी हवे। उनका ऊपर 776 करोड़ रुपिया घोटाला के आरोप बा।

बता दीं कि अरुणपति यूपीएससी पास कs के ITS कैडर के पदाधिकारी रहस। उनका पs ED के केस बा, जेमे ऊ नौ महीना जेल में रहस। मोबाइल बंद कs के जनवरी से फरार रहे। इनकर एगो बेटा आ एगो बेटी अमेरिका में इंजीनियरिंग कs रहल बा लो। छत्तीसगढ़ स्टेट मार्केटिंग कॉर्पोरेशन लिमिटेड के प्रबंध संचालक आ निर्देशक संचार मंत्रालय दिल्ली में पोस्टेड बाड़ें।

गिरफ्तारी के बाद पूर्व विशेष सचिव अरुणपति त्रिपाठी के वीडियो सामने आइल बा, जेमे ऊ कह रहल बाड़ें कि हमरा ऊपर इल्जाम लगावल गइल बा कि शराब में कमीशन लेले बानी। एही ममिला में ईडी केस दर्ज कs लेले बा। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार बताया जाता है कि छत्तीसगढ़ से 776 करोड़ रुपए के शराब घोटाले का मामला आया था, जिसमें सरकार ने नए सिरे से जांच के लिए एसीबी और ईओडब्ल्यू ने एफआईआर दर्ज की।

एफआईआर में छत्तीसगढ़ के आबकारी विभाग के पूर्व विशेष सचिव आ छत्तीसगढ़ राज्य विपणन निगम लिमिटेड (सीएसएमसीएल) के एमडी अरुण पति त्रिपाठी सहित 70 लोगन के अभियुक्त बनावल गइल बा। एही ममिला में अरुण पति त्रिपाठी फरार चलत रहस, बाकिर गुप्त सूचना आ तकनीक के आधार पs 11 अप्रैल के रात छत्तीसगढ़ से पांच सदस्यीय टीम गोपालगंज पुलिस के सहजोग से भोरे थाना क्षेत्र के सिसई गांव से गिरफ्तार कs लेलस आ ओकरा के अपना संगे छत्तीसगढ़ के एसीबी पुलिस लेके रवाना हो गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsFormer IAS Officer ArrestedGopalganj news
Advertisement
Next Article