टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

कार्रवाई: गूगल आ एपल ब्लॉक कइलस ई मैपिंग एप, सरकार के आदेस के बाद लिहल गइल फैसला

03:17 PM Jan 13, 2025 IST | Anurag Ranjan
Maps - फोटो : FREEPIK
Advertisement

Google आ Apple अपना प्ले स्टोर आ एप स्टोर से ऑफलाइन नेविगेशन एप MAPS.Me के हटा देले बा। रिपोर्ट के अनुसार ई कार्रवाई MAPS.Me के ओर से बाहरी सीमन के गलत तरीके से दर्शावे के कारण कइल गइल बा।
मनी कंट्रोल के एगो रिपोर्ट के मोताबिक दिसंबर 2024 में सर्वे ऑफ इंडिया (SoI) आईटी अधिनियम, 2000 के धारा 79(3)(b) के तहत Google के नोडल अधिकारी प्रियदर्शी बनर्जी के एगो नोटिस जारी कइल गइल बा। ई नोटिस जम्मू-कश्मीर आलद्दाख के केंद्र शासित प्रदेशन के गलत भौगोलिक प्रस्तुति के लेके बा।

Advertisement

Google आ Apple स्टोर से हटावल जाये के संदेश

Google Play Store पs अब MAPS.Me ऐप के लैंडिंग पेज ई संदेश दिख रहल बा: "We're sorry, the requested URL was not found on this server", हालांकि रिपोर्ट बतावत बा कि Google के नोटिस भेजल गइल रहे, ई स्पष्ट नइखे कि Apple के एही तरे के नोटिस मिलल बा कि ना। वर्तमान में ई एप भारतीय यूजर्स खातिर Apple App Store पs उपलब्ध नइखे।

सरकार के MAPS.Me के भेजल गइल नोटिस

गलत सीमा चित्रण: MAPS.Me एप में भारत के बाहरी सीमा के गलत तरीका से दर्शावल गइल बा, जवन देस के संप्रभुता आ अखंडता के खतरा में डालत बा।
कानूनी उल्लंघन: ई भारत के आपराधिक कानून संशोधन अधिनियम, 1990 के उपधारा (2) के तहत एगो अपराध बा।
सटीक मानचित्रण की आवश्यकता: सरकार कहलस कि देस खातिर उपयोग कइल जाये वाला मानचित्र में सही आ भरोसेमंद जानकारी होखे के चाहीं, विशेष रूप से बाहरी सीमा आ तटरेखन के संदर्भ में बा। गलत मानचित्रण भारत के क्षेत्रीय अखंडता पs सवाल उठावत बा।
ब्लॉकिंग अनुरोध: नोटिस में Google से आग्रह कइल गइल कि एप के तुरंत ब्लॉक भा निष्क्रिय कइल जाव।

Read Also: कच्छ में पाकिस्तानी नागरिक के घुसपैठ के कोशिश नाकाम, BSF पकड़लस

Tags :
Bhojpuri NewsGoogle and Apple StoreGovernment OrderMap App removedMAPS.MeNotice IssuedWrong map of india shown by map app
Advertisement
Next Article