टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: हरित क्षेत्र के श्रेणी से हटी सिंघड़िया...

12:42 PM Sep 10, 2024 IST | Sonu Kishor
हरित क्षेत्र के श्रेणी से हटी सिंघड़िया...
Advertisement

सीएम योगी आदित्यनाथ के पहल पs सिंघडिया (महादेव झारखंडी टुकड़ा नम्बर-दू) के जनता के बड़ी राहत मिले जा रहल बा। पिछला चालीस साल से हरियर इलाका में बनल कालोनी पs जवन गड़बड़ी के दाग बा उऽ हट जाई आ एहिजा नक्शा पारित होखे लागी। आवासीय हरित क्षेत्र में बनल कॉलोनी के मास्टर प्लान-2031 में शामिल करे के तइयारी शुरू हो गइल बा।

Advertisement

सीएम सिंघडिया के जनता से मिल के आश्वासन देले। सीएम के निर्देश के पालन करत डीएम योजना तइयार कइले बाड़े। योजना के मुताबिक जवना इलाका के इ कालोनी बनावल जाई, उहे इलाका के नाया जमीन के हरी क्षेत्र में शामिल कइल जाई। एकरा से 1500 से अधिका मकान के फायदा होखे के उम्मेद बा। गोरखपुर विकास प्राधिकरण आपन प्रस्ताव तइयार कऽ के सरकार के भेज दी। सिंघाड़िया लोग शुक के मुख्यमंत्री से मुलाकात कइले रहले। ओह लोग के बात सुनला के बाद सीएम अतना भारी आबादी वाला इलाका के ग्रीन जोन में शामिल कइला पर अचरज जतवले।

सीएम सिंघड़िया लोग के राहत देबे के भरोसा दिहले रहले आ आयुक्त आ जीडीए के वीसी के एकरा खातिर कवनो राह खोजे के निर्देश दिहले रहले। एकरा बाद अब सिंघाडिया में बनल कालोनी के आवासीय कालोनी के श्रेणी में ले आवे के तइयारी हो गइल बा। जल्दिये एगो प्रस्ताव बनावल जाई आ सरकार के भेज दिहल जाई।

सीएम सिंघडिया के लोग से बात कऽ के हरित क्षेत्र में बनल मकान के आवासीय क्षेत्र के श्रेणी में ले आवे के तरीका खोजे के निर्देश देले रहले। हरित क्षेत्र के आवासीय क्षेत्र में बदले के प्रस्ताव सरकार के भेजल जाई। अनुमति मिलला पs एकरा के मास्टर प्लान-2031 में शामिल कर दिहल जाई।

कृष्णा करुणेश, डीएम

Tags :
GDA GORKHPURGORKHPUR GDAgorkhpur JharkhandiGorkhpur newsJharakhandi
Advertisement
Next Article