टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

28 फरवरी से ग्रेजुएशन पार्ट वन के परीक्षा : जेपी यूनिवर्सिटी शेड्यूल कइलास जारी, जल्दी वेब पs अपलोड हो जाई एडमिट कार्ड

06:05 PM Feb 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी ग्रेजुएशन सत्र 2022-25 पार्ट वन परीक्षा के शेड्यूल जारी कs देले बा। परीक्षा 28 फरवरी से दु पालियन में लिहल जाई। पहिला पाली के परीक्षा सबेरे के 10 बजे से दुपहरिया के एक बजे तक आ दूसरका पाली के परीक्षा दुपहरिया के दु बजे से लेके सांझ के पांच बजे तक होई।

Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी के परीक्षा नियंत्रक डॉक्टर दिलीप बतवलें कि परीक्षा के पूरा शेड्यूल आ पूरा जानकारी यूनिवर्सिटी के वेबसाइट पs अपलोड कs दिहल गइल बा। संगही सब कॉलेजन के नोटिस बोर्ड पs परीक्षा के शेड्यूल प्रकाशित करे के निरदेस दिहल गइल बा।

ऑनर्स विषय के परीक्षा 28 फरवरी से दु मार्च तक लिहल जाई। सब्सिडरी आ जनरल विषय के परीक्षा चार मार्च से लेके 13 मार्च के बीच लिहल जाई। परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि पार्ट वन के एडमिट कार्ड जल्दिये वेबसाइट पs अपलोड कs दिहल जाई।

ग्रेजुएशन सत्र 2022-25 पार्ट वन के परीक्षा लगभग एक बरिस के देरी से लिहल जा रहल बा। यूनिवर्सिटी कावर से फॉर्म भरे में देरी आ एजेंसी से पेमेंट आदि के समस्यन के कारण सेशन लेट भइल बा। परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि अब यूनिवर्सिटी कावर समय से परीक्षा ले लिहल जाई।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra NewsExam ScheduleExam UpdatesJP University
Advertisement
Next Article