For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Hajipur: हाजीपुर में पुलिस के बनावल गइल बंधक, युवक के मौत के बाद मचल बवाल

01:27 PM Oct 19, 2024 IST | Sonu Kishor
hajipur  हाजीपुर में पुलिस के बनावल गइल बंधक  युवक के मौत के बाद मचल बवाल
हाजीपुर में खिसिआइल लोग पुलिस के बनवलस बंधक
Advertisement

हाजीपुर के महुआ थाना क्षेत्र के जलालपुर गगटी पंचायत वार्ड नंबर 6 में शराबी के पकड़े के दौरान एक आदमी के मौत हो गइल। मरेवाला के परिवार के लोग पुलिस पऽ पीट-पीट के हत्या करे के आरोप लगवले बाड़े। पुलिस के कहनाम बा कि, पकड़त घरी भागे के कोशिश करत घरी उऽ एगो गड्ढा में गिर गइले, जवना के चलते उनकर मौत हो गइल। घटना के बाद मौका पs अराजकता मच गईल।

Advertisement

घटना के बाद खिसियाइल लोग पुलिस पऽ हमला क देले

घटना के बाद खिसियाइल लोग पुलिस पऽ हमला कऽ देले। बहुत पुलिसकर्मी के बंधक बना लिहल गइल। खिसियाइल लोग पुलिस के गाड़ियो के  नुकसान पहुंचवले।

घटना के जानकारी मिलते महुआ के एसडीपीओ सुरभ सुमन, कई थाना के पुलिस अधिकारी भारी संख्या में पुलिस बल के संगे मौका प पहुंचली ल। एसडीपीओ सुरभ सुमन खिसियाइल लोग के समझे के कोशिश में लागल बाड़ी।

एसडीपीओ के हाथ जोड़त देखल गइल

एसडीपीओ कहली कि रउरा लोग के सगरी समस्या सुनल जाई आ ओकर समाधान होई। ए दौरान एसडीपीओ मौका पऽ हाथ जोड़ के लोग से निहोरा करत देखाई देली। मरेवाला के पहचान करहटिया निवासी स्वर्गीय महावीर पासवान के बेटा राजेन्द्र पासवान (50) के रूप में भईल बा।

इलाका में पुलिस डेरा डालत बा

घटना के बारे में स्थानीय लोग बतवले कि राजेन्द्र पासवान के बेटी के बियाह होखे जा रहल बा। उऽ बियाह के तैयारी के सामान खरीदे बाजार जात रहले। एही बीच पुलिस उनका के पकड़ के पीट-पीट के हत्या कऽ देलस। मौका पs मौजूद पुलिस अधिकारी के ओर से बंधक बना के राखल पुलिसकर्मी के बचावल गइल। एह दौरान सैकड़न गाँव के लोग जुट गइल बा।

Tags :
Advertisement