टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Haunted places of India : लखनऊ के इ 5 सबसे खतरनाक जगह ! लोग दिनो में जाए से डेरा जाला

07:01 AM Mar 23, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

लखनऊ में सबसे भूतिया जगह : उत्तर प्रदेश के राजधानी आ नवाब शहर लखनऊ पर्यटन के नजरिया से बहुत खास बा। लखनऊ में इमामबारा, रेजिडेंसी, भूलभुलैया, अम्बेडकर पार्क आ जनेश्वर मिश्र जइसन कई गो पर्यटन स्थल बा। लेकिन, कुछ अइसन डरावना जगह (भूतिया जगह) बा जहाँ लोग दिनो में जाए से डेराला। एह डरावना जगहन के बारे में बहुत कहानी बा। कुछ लोग एह जगहन के भूत आदि से जोड़त बा । हालांकि एहमें केतना सच्चाई बा एकर कवनो सबूत नइखे मिलल । लखनऊ के एह डरावना जगहन के बारे में बताईं जा।

Advertisement

लखनऊ में स्थित बेगम कोठी भी जनता के डरावना लागत बा। कहल जाला कि 1857 के पहिला स्वतंत्रता संग्राम में इहाँ सैकड़ों क्रांतिकारी शहीद हो गईले। दावा कइल जाला कि ओह क्रांतिकारन के आत्मा एहिजा भटकत रहेला ।

सिकंदर बाग के भी लखनऊ के डरावना जगहन में से एगो मानल जाला। लोग कहेला कि देर रात इहाँ चिल्लाहट के आवाज सुनाई देला।

लखनऊ के ऑयल हाउस डरावना मानल जाला। एकरा से जुड़ल कई गो कहानी जनता के बीच चर्चा हो रहल बा। लोग इहाँ जाए से डेरात बा काहे कि पहिले कई साल से बंद रहे।

लखनऊ के रेलवे क्वार्टरो जनता के बीच चर्चा के विषय बन रहल बा। इहो एगो डरावना जगह ह। लोग एह जगह से जुड़ल कई गो भूत-प्रेत के कहानी भी सुनावेला। लोग दिनो में इहाँ जाए से डेरात बा। हालांकि एकर कवनो सबूत नईखे।

लखनऊ के बलरामपुर अस्पताल के बारे में भी डरावनी कहानी प्रचलित बा। ई अस्पताल अंग्रेज काल में बनल रहे। एह से जुड़ल बहुते डरावना कहानी बाड़ी सँ । हालांकि एकर कवनो सबूत नईखे।

Tags :
Bhojpuri khabarHauntedHaunted newsHaunted placesHaunted places IndiaKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpurilucknowLucknow CitySaturday specialspecial coveragespecial news
Advertisement
Next Article