टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हिना खान बनली 'दुल्हिन'! कैंसर से जंग के बीच लाल जोड़ा पहिर कइली रैंप वॉक 

12:11 PM Sep 16, 2024 IST | Sonu Kishor
हिना खान बनली 'दुल्हन'! रैंप वॉक पऽ ढहली कहर,
Advertisement

टीवी अभिनेत्री हिना खान अपना जिनिगी के कठिन समय से पूरा हिम्मत से लड़त बाड़ी। उऽ स्तन कैंसर के तीसरा चरण से जूझत बाड़ी। उनकर पांच गो कीमोथेरेपी इलाज हो चुकल बा आ अबहीं तीन गो बाचल बा। एह दर्दनाक इलाज के बीच भी उऽ आपन भावना के कायम रखले बाड़ी आ जब उऽ दुल्हिन के पोशाक में रैंप पs चलली तऽ सभकर नजर उनका प टिकल रहे। एक ओर उनकर सुंदरता पs प्रशंसक  फिदा हो गइले, जबकि दूसरा ओर उनका हिम्मत के उदाहरण के तौर पs मिसाल दिहल जात रहे।

Advertisement

हिना खान के वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा आ प्रशंसक उनकर तारीफ करत थक नइखन पावत। लाल रंग के ड्रेस पहिन के हिना बहुत सुन्दर लागत बाड़ी। एक पल खातिर उनका ओर देखला प विश्वास ना होई कि उऽ कैंसर जइसन गंभीर बेमारी से लड़तारी। जब उऽ पूरा भरोसा आ उत्साह से रैंप पs चलली तऽ सभकर नजर उनका पs टिकल रहे।

अब 36 साल के हिना खान सोशल मीडिया पs अपना फैंस के स्वास्थ्य से जुड़ल अपडेट देत रहेली। कैंसर के बाद पहिला बेर रैंप वॉक के वीडियो शेयर करत उऽ कैप्शन में लिखली कि, 'हमार बाबूजी हमेशा कहत रहले कि, पापा के मजबूत लइकी, रोअत बच्चा मत बन, अपना समस्या के शिकायत कबहूँ मत करीं, आपन जीवन नियंत्रण राखी।'

हिना खान के भाउक पोस्ट

'ये रिश्ता क्या कहलता है' धारावाहिक में अक्षरा के भूमिका निभावे के घर के नाम बनल हिना आगे लिखले बाड़ी कि, ' एहिसे हम रिजल्ट के चिंता छोड़ देनी, बस उहे ध्यान देनी जवन हमरा नियंत्रण में बा, बाकिर अल्लाह पs छोड़ दीं। 'उ राउर प्रयास देखत बाड़े आ राउर दुआ सुनत  बाड़े आ रउआ दिल के जानत बाड़े।

Tags :
Hina Khan ActressHina Khan CancerHina Khan Latest PostHina khan news
Advertisement
Next Article