For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

इग्नू के 37 वां दीक्षांत समारोह आज : 17,948 परीक्षार्थियन के मिली डिग्री, देस में 3,08,605 अभ्यर्थियन के दिहल जाई डिग्री

10:30 AM Feb 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
इग्नू के 37 वां दीक्षांत समारोह आज   17 948 परीक्षार्थियन के मिली डिग्री  देस में 3 08 605 अभ्यर्थियन के दिहल जाई डिग्री
Advertisement

इंदिरा गांधी राष्ट्रीय मुक्त विश्वविद्यालय माने इग्नू के 37 वां दीक्षांत समारोह आज 20 फरवरी के आयोजित कइल जा रहल बा। एकर मुख्य कार्यक्रम नई दिल्ली में होई जेमे भारत के उपराष्ट्रपति मुख्य अतिथि होइहें।

Advertisement

ओहिजा, इग्नू के पटना क्षेत्रीय कार्यालय के दीक्षांत समारोह प्रेमचंद रंगशाला में आयोजित कइल जाई। दीक्षांत समारोह के कार्यक्रम 11:00 बजे से सुरू होई। इहां मुख्य अतिथि नालंदा खुला विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर केसी सिन्हा होइहें। एह बात के जानकारी पटना क्षेत्रीय कार्यालय के निदेशक डॉक्टर अभिलाष नायक देलें।

17948 परीक्षार्थियन के मिली डिग्री

डॉक्टर अभिलाष नायक बतवलें कि एह दीक्षांत समारोह के मवका पs पटना क्षेत्रीय केंद्र से 17948 परीक्षार्थियन के डिग्री दिहल जाई। पूरा भारत में 308605 अभ्यर्थियन के डिग्री प्रदान कइल जाई। एमे से 929 में व्यक्तिगत रूप से डिग्री प्राप्त करे खातिर सहमति जतवले बा।

एगो क्लिक में ईमेल पs मिली डिग्री

ऊ आगे बतवलें कि अबकी बेर सब विद्यार्थियन के डिग्री एगो संगही एके क्लिक में उनका मेल पs फॉरवर्ड कs दिहल जाई, एकर सॉफ्ट कॉपी ऊ हर जगह इस्तेमाल कs सकत बा। एकरा अलावे सबका के डिजिलॉकर आ पासवर्ड के संगे ओह लोगन के डिग्री प्रदान कs दिहल जाई, जवन कि हर जगह उपयोग हो सकी।

एकरा अलावा ऊ बतवलें कि क्षेत्रीय केंद्र में मास्टर्स के आठ नया पाठ्यक्रमन के सुरूआत कइल गइल बा। एकरा अलावे बैचलर डिग्री के मोडिफाइड कs के नया शिक्षा नीति के तहत तइयार कs लिहल गइल बा। माने जे  दु साल पहिले बैचलर में नामांकन करवले बा।

ऊ चार साल के स्नातक कs सकत बा। एकरा बाद ऊ एक साल के पोस्ट ग्रेजुएट कोर्स करे के होई। ओहिजा, जदि ई छात्र बीच में पढ़ाई छोड़के जात बा लो तs एक साल पs डिप्लोमा आ दु साल पs एडवांस डिप्लोमा के सर्टिफिकेट मिली।

Tags :
Advertisement