टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IIT-JEE मेन्स के नतीजा जारी : नीलकृष्ण बनलें ऑल इंडिया टॉपर; रिकॉर्ड 56 स्टूडेंट्स के 100 परसेंटाइल, जनरल कटऑफ 93.23%

10:34 AM Apr 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) 24 अप्रिल के देर रात तकरीबन 11 बजके 30 मिनट पs JEE Mains 2024 सेशन दु के रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा। अइसन उम्मीदवार जे इंजीनियरिंग कोर्स में एडमिशन खातिर जॉइंट एंट्रेंस टेस्ट मेन्स सेशन-2 दिहल गइल रहे, ऊ अब ऑफिशियल वेबसाइट jeemain.nta.ac.in पs आपन स्कोरकार्ड देख सकत बा लो।

Advertisement

कोटा के एगो कोचिंग के स्टूडेंट नीलकृष्ण ऑल इंडिया टॉप कइले बा। ऊ दु साल से कोटा में तइयारी करत रहे लो। ओहिजा, दूसरका रैंक हासिल करे वाला दक्षेस संजय मिश्रा आ रैंक चार पs आइल आदित्य कुमार कोटा के कोचिंग से बाड़ें।

दुगो लईकियन के मिलल 100 परसेंटाइल

अबकी बेर अब तक के रिकॉर्ड तुड़त सबसे जादे 56 स्टूडेंट्स 100 परसेंटाइल हासिल कइले बा लो। एमे कर्नाटक के सानवी जैन आ दिल्ली के शायना सिन्हा, दुगो लईकी सामिल बा लो। पिछिला बेर 43 स्टूडेंट् 100 परसेंटाइल हासिल कइले रहे लो। ओहिजा, खाली एगो छात्रा के 100 परसेंटाइल मिलल रहे।

राजस्थान के 5 छात्रन के मिलल 100 परसेंटाइल

राज्यवार 100 परसेंटाइल में सबसे बेसी तेलंगाना के 15, आंध्र प्रदेश आ महाराष्ट्र के 7-7, दिल्ली से छव, राजस्थान से पांच, कर्नाटक से तीन, तमिलनाडु, गुजरात, हरियाणा से ‌2-2, उत्तर प्रदेश आ बिहार से 1-1 छात्र सामिल बा लो।

अबकी बेर 2.45 मार्क्स जादे रहे कटऑफ

अबकी बेर जेईई मेन्स के अप्रिल सेशन खातिर सामान्य श्रेणी के कटऑफ परसेंटाइल 2023 के तुलना में 2.45 अंक जादे रहे, हालांकि सामान्य श्रेणी खातिर चुनल गइल छात्रन के संख्या पिछली बेर से 1261 कम बा। अबकी बेर JEE एडवांस्ड खातिर क्वालीफाइंग परसेंटाइल पांच साल के सबसे जादे रहल बा।

100 परसेंटाइल से 93.23 के बीच सामान्य श्रेणी के 97,351 छात्र चुनल गइल बा। 100 परसेंटाइल पावे वाला छात्रन में छव गो ईडब्ल्यूएस श्रेणी से बा लो, जेमे चार तेलंगाना आ दुगो आंध्र प्रदेश के बा।

56 टॉपर्स में जनरल के 40 आ OBC के 10

56 टॉपर्स में जनरल कैटेगरी से 40, OBC के 10 आ जनरल-EWS के छव स्टूडेंट्स सामिल बा लो। जवन ओबीसी छात्रन के 100 पर्सेंटाइल मिलल बा। एमे 2-2 तेलंगाना, एक-एक महाराष्ट्र आ आंध्र प्रदेश के बा लो।

13 भाषा में भइल रहे परीक्षा, बिदेस में बनल रहे सेंटर्स

JEE 13 भाषा असमिया, बंगाली, अंग्रेजी, गुजराती, हिंदी, कन्नड़, मलयालम, मराठी, उड़िया, पंजाबी, तमिल, तेलुगु आ उर्दू में भइल रहे। परीक्षा 319 शहरन के 571 केंद्रन पs आयोजित कइल गइल रहे, जेमे भारत के बाहर 22 सेंटर केप टाउन, दोहा, दुबई, मनामा, ओस्लो, सिंगापुर, कुआलालंपुर, लागोस/अबूजा, जकार्ता, वियना, मॉस्को आ वॉशिंगटन डीसी में बनावल गइल रहे।

Tags :
Bhojpuri Newsgeneral cutoff 93.23%IIT Jee Mains 2024IIT-JEE Mains results released: Nilkrishna becomes All India topper; 100 percentile of record 56 studentsJee Mains Result Decleared
Advertisement
Next Article