टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जेपी यूनिवर्सिटी में लंबित सत्रन के एक के बाद एक परीक्षा : अप्रिल से जून तक होई परीक्षा, कइयन सत्र के 2 साल से लंबित बा परीक्षा 

11:13 AM Mar 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में लंबित सत्रन के सुचारू आ नियमित करे के लेके कवायद तेज कs दिहल गइल बा। एह दौरान सब लंबित परीक्षा के जल्दी से पूरा करावे के लेके कुलपति आ परीक्षा विभाग के बीच समन्वय बैठक आयोजित कइल गइल।

Advertisement

अप्रिल महीना से लेके जून तक सब तरे के लंबित परीक्षा के सम्पन्न करा लेवे के निरदेस जारी कइल गइल बा, जवना के तहत सब परीक्षा संपन्न होखला के बाद साल 2025 से सब सत्रन के नियमित रूप से संचालित करे के लक्ष्य रखल गइल बा। कइयन गो परीक्षा पिछला दु साल से लंबित बा। ओकरा के लेके अप्रिल के पहिला हफ्ता में नोटिफिकेशन जारी कइल जाई। अप्रिल में स्नातक वर्ष 2023-27 के फर्स्ट सेमेस्टर के आ स्नातक वर्ष 2020 के पार्ट थ्री आउर स्नातक 2021 पार्ट टू के परीक्षा फॉर्म भरे आ परीक्षा के शेड्यूल जारी कइल जाई।

सत्र के नियमित आ परीक्षा संबंधित जानकारी के लेके कुलपति प्रोफेसर प्रमेंद्र कुमार बाजपेयी बतवलें कि हम लंबित सत्रन के नियमित करे खातिर पूरा तरे सजग बा। हाले में सीनेट के बैठक में राज्यपाल परीक्षा के जल्द से जल्द पूरा कराव सत्र के अपडेट करे के निरदेस दिहल गइल बा। हम खुद एकर मॉनिटरिंग कs रहल बानी। अगिला तीन महीना में लगातार परीक्षा के आयोजन होई। स्नातक सत्र 2025 के सुरू होखे से पहिले सब पेंडिंग परीक्षन के आयोजन पूरा कs लिहल जाई।

नियमित आ कम अंतराल पs परीक्षा आयोजित कइल आ सिलेबस पूरा कइल महाविद्यालय आ विश्वविद्यालय खातिर चुनौती होई। एकरा के लेके कुलपति के ओर से अतिरिक्त क्लास चलावे के जानकारी दिहल गइल बा। कइयन सत्र के सिलेबस पूरा कइल जा चुकल बा, बाकिर परीक्षा लंबित बा।

Tags :
Back to Back ExamBhojpuri NewsChhapra NewsJP UniversityPending Session
Advertisement
Next Article