टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IND W vs SA W: Smriti Mandhana रच देली इतिहास, आखिरी वनडे में लगवली रिकॉर्ड्स के झड़ी

09:29 PM Jun 23, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

IND W vs SA W: साउथ अफ्रीका महिला क्रिकेट टीम के खिलाफ स्‍मृति मंधाना शतक से चूक गइली। उऽ 108.43 के स्‍ट्राइक रेट से 83 गेंदन पs 90 रन के पारी खेलली। एही दौरान भारतीय खिलाड़ी 11 चौके लगवली। एकरा साथही स्‍मृति इतिहास रच देली। उऽ तीन वनडे मैचन के सीरीज में सबसे बेसी रन बनावे वाली भारतीय बल्‍लेबाज (महिला) बन गइल बाड़ी। वनडे सीरीज में मंधाना 342 रन बनवली।

Advertisement

भारतीय महिला क्रिकेट टीम साउथ अफ्रीका महिला क्रिकेट टीम के 6 विकेट से हरा के 3 मैचन के वनडे सीरीज अपना नांवे कइलस। भारत के जीत के हीरो स्‍मृति मंधाना रहली। मंधाना भलही सीरीज में अपना तीसरका शतक से चूक गइली, बाकिर ओकरा बादो उऽ इतिहास रच देली। मंधाना 108.43 के स्‍ट्राइक रेट से 83 गेंदन पs 90 रन के पारी खेलली। एही दौरान भारतीय खिलाड़ी 11 चौके लगवली।

स्‍मृति रच देली इतिहास

एकरा साथही स्‍मृति इतिहास रच देली। उऽ तीन वनडे मैचन के सीरीज में सबसे बेसी रन बनावे वाली भारतीय बल्‍लेबाज (महिला) बन गइल बाड़ी। वनडे सीरीज में मंधाना 342 रन बनवली। सीरीज के पहिले वनडे में स्‍मृति 127 गेंदन पs 117 रन के पारी खेलले रही। एकरा बाद दूसरका वनडे में उऽ 120 गेंदन पs 136 रन मार देले रही। अपना एह पारी में उऽ 18 चौका आ 2 छाकाऽ लगवले रही।

एगो आउर प्रसिद्धि अपना नांवे कइली

मंधाना भलही शतकन के हैट्रिक से चूक गइली बाकिर उऽ एगो आउर प्रसिद्धि अपना नांवे कऽ लेले बाड़ी। मंधाना अब वनडे में दूसरका सबसे बेसी रन बनावे वाली भारतीय बल्‍लेबाज बन गइल  बाड़ी। उऽ अबहीं ले खेलल 85 वनडे के 85 पारियन में 45.37 के औसत से 3585 रन बनवले बाड़ी। एही दौरान उऽ 7 चौका लगवले बाड़ी। एह लिस्‍ट में टॉप पs मिताली राज बाड़ी। पूर्व भारतीय कप्‍तान 232 मैच के 211 पारियन में 50.68 के औसत से 7805 रन बनवले रही।

Tags :
cricket newsKhabar bhojpuri cricketSmriti MandhanaWoman cricket
Advertisement
Next Article