टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Breaking: ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारत जीत से मात्र 7 विकेट दूर, कोहली के 30वां टेस्ट शतक, डॉन ब्रैडमैन से आगे निकललें

04:05 PM Nov 24, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
विराट कोहली ऑस्ट्रेलिया में 7वां शतक जमवलें बाड़ें। ऊ ऑस्ट्रेलिया में सबसे जादे शतक जमावे वाला भारतीय बनलें।
Advertisement

खबर भोजपुरी, स्पोर्ट्स डेस्क। विराट कोहली के टेस्ट करियर का 30वां शतक, यशस्वी जायसवाल के 161 रन के डैडी हंड्रेड आ केएल राहुल के 77 रन के अर्धशतकीय पारी के बल पs भारत 487 रन पs पारी घोषित कइलस। 534 रन के लक्ष्य के पीछा करत तीसरका दिन के खेल खत्म होखे तक ऑस्ट्रेलिया मात्र 12 रन पs तीन विकेट गवां देले बा। कप्तान जसप्रीत बुमराह के दु आउर सिराज के एक विकेट मिलल। अब भारत चउथा दिन जल्दी से जल्दी सात विकेट लेके मैच अपना नावे करे के कोसिस करी। पहिला पारी में भारत मात्र 150 आ ऑस्ट्रेलिया 104 पs सिमट गइल रहे आ भारत के 46 रन के बढ़त मिलल रहे।

Advertisement

डॉन ब्रैडमैन से आगे निकललें विराट, टेस्ट में 30वां शतक 

विराट ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के पहिला मुकाबला के दूसरका पारी में नाबाद 100 रन के पारी खेललें। ऊ सबसे जादे टेस्ट शतक के ममिला में ऑस्ट्रेलिया के महान बल्लेबाज डॉन ब्रैंडमैन (29 शतक) से आगे निकल गइल बाड़ें। एकरा पहिले ओपनर यशस्वी जायसवाल (161 रन) के अपना करिअर के चउथा शतक जमवलें। उनकर अभी तक के सब शतक 150 रन से जादे के बा।

इहों पढ़ीं: Gorakhpur News: दु दिनन के दौरा पs आज गोरखपुर अइहें सीएम योगी: ABVP के राष्ट्रीय अधिवेशन में सामिल होइहें

टीम इंडिया आज अतवार के सबेरे 172 रन के स्कोर से आगे खेलल सुरू कइलस। जायसवाल 90 आ केएल राहुल 62 रन से आपन-आपन पारी के आगे बढ़ावला लो। कोहली के संगे नीतीश रेड्डी 38 रन बनाके नाबाद लवटलें। वॉशिंगटन सुंदर 29 रन, देवदत्त पडिक्कल 25 रन बनवलें। नाथन लायन के दु विकेट मिलल।जवाब में ऑस्ट्रेलिया दिन के खेल खत्म होत-होत मात्र 12 रन पs 3 विकेट गंवा देलस। कप्तान पैट कमिंस 2, मार्नस लाबुशेन 3 आ नाथन मैकस्वीनी शून्य पs पवेलियन लवट गइल लो। उस्मान ख्वाजा क्रीज पs बाड़ें।

दुनो टीमन के प्लेइंग-11

भारत: जसप्रीत बुमराह (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, केएल राहुल, देवदत्त पडिक्कल, विराट कोहली, ऋषभ पंत, ध्रुव जुरेल, वॉशिंगटन सुंदर, नीतीश रेड्‌डी, हर्षित राणा आ मोहम्मद सिराज।

ऑस्ट्रेलिया: पैट कमिंस (कप्तान), नाथन मैकस्वीनी, उस्मान ख्वाजा, मार्नस लाबुशेन, स्टीव स्मिथ, ट्रैविस हेड, मिचेल मार्श, एलेक्स कैरी (विकेटकीपर), मिचेल स्टार्क, जोश हेजलवुड आ नाथन लायन।

Tags :
1st TestBhojpuri NewsBorder Gwaskar TrophyInd Vs Ausjasprit bumrahKL RahulMohmmad SirajNitish ReddyVIRAT KOHLIYashashvi Jaiswal
Advertisement
Next Article