टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पटना में आज से गंगा किनारे लागी चउका-छक्का : वोटरन के जागरूक करे खातिर IVL के आयोजन

12:48 PM May 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पटना में वोटरन के जागरूक करे खातिर चुनावी मैदान के संगे-संगे खेल के मैदान तइयार कs लिहल गइल बा। आज से गंगा किनारे वोटर्स चउका-छक्का लगाई लो। नगर निगम के ओर से जेपी सेतु घाट पs आज से इंडियन वोटर्स लीग (IVL) के सुरुआत कइल जा रहल बा। 10 से 25 मई तक एकर आयोजन होई। मैच खातिर पिच आ मैदान तइयार कs लिहल गइल बा।

Advertisement

बनावल गइल 80 टीम

क्रिकेट मैच रोज सांझ पांच बजे से सुरू होके रात 10 बजे तक चली। एकता खातिर समुचित लाइट के बेवस्था कइल गइल बा। इहां 500 से जादे लाइट लगावल गइल बा। इंडियन वोटर्स लीग क्रिकेट मैच खेले खातिर कुल 80 टीम बनावल गइल बा। नगर निगम के वार्ड स्तर पs कुल 75 टीम बनावल गइल बा। एकरा संगही नगर निगम के पार्षद, सामाजिक सेवा से जुड़ल लोग, एनजीओ, अधिकारी, पत्रकार, कारोबारी सामिल बा लो।

गंगा किनारे लागी स्ट्रीट फूड के स्टॉल

गंगा किनारे स्ट्रीट फूड के स्टॉल तक लगावल जाई। स्ट्रीट वेंडरन के गंगा किनारे तरे-तरे के व्यंजनन के स्टॉल लगावे के कहल गइल बा, ताकि लोग मैच देखते-देखत व्यंजनन के आनंद ले सके।

बिहार में पहिला बेर वोटरन के जागरूक करे खातिर क्रिकेट लीग के आयोजन हो रहल बा। एमे नया वोटर्स, महिला, दिव्यांग, जुवा आ बुजुर्ग वोटरन के टीम सामिल होई।

Tags :
Bhojpuri Newselection newsIndian Voters LeaguePatna NewsVote Fo Nation
Advertisement
Next Article