टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

IND W vs IRE W: भारतीय महिला टीम बनवलस वनडे के आपन सर्वोच्च स्कोर, पहिला बेर 400 रन के आंकड़ा पार कइलस

04:54 PM Jan 15, 2025 IST | Anurag Ranjan
Advertisement

स्पोर्ट्स डेस्क: भारतीय महिला टीम स्मृति मंधाना आ प्रतिका रावल के शतकन से वनडे इतिहास के आपन सर्वोच्च स्कोर बना देलस। राजकोट में आयरलैंड के खिलाफ खेलल जा रहल तीसरका वनडे मैच में भारत 50 ओवर में पांच विकेट पs 435 रन बनवले बा, जवन ओकर एह प्रारूप में सर्वोच्च टोटल बा। एकरा पहिले टीम आयरलैंड के खिलाफ दूसरका वनडे में पांच विकेट पs 370 रन बनवले रहे जवन ओकर सर्वोच्च टोटल रहे, बाकिर अगिलही मैच में टीम एह रिकॉर्ड के पीछे छोड़ देले बिया। ई पहिला बेर बा जब भारतीय महिला टीम वनडे में 400 रन के स्कोर के पार कs सकल बिया।

Advertisement

भारतीय पुरुष टीम के पीछे छोड़लस

भारतीय महिला टीम पुरुष टीम के पीछे छोड़ देलस। भारतीय पुरुष टीम के वनडे में सर्वोच्च स्कोर 2011 में वेस्टइंडीज के खिलाफ पांच विकेट पs 418 रन बा, बाकिर महिला टीम एकरा से आगे निकल गइल बिया आ ऊ आयरलैंड के सामने 436 रन के पहाड़ अस लक्ष्य रखले बिया। ओवरऑल ई पुरुष आ महिला मिलाके भारत के वनडे प्रारूप में सर्वोच्च टोटल बा। भारत के एह उपलब्धि पs पहुंचावे के श्रेय प्रतिका, मंधाना आ ऋचा घोष के जात बा जे ताबड़तोड़ पारी खेलके कइयन रिकॉर्ड अपना नावे कs लिहल।

महिला वनडे इतिहास के चउथा सर्वोच्च टोटल

महिला वनडे क्रिकेट मे ई छठा बेर हs जब कवनो टीम 400 रन के आंकड़ा पार कइले बिया। ओहिजा, भारतीय टीम महिला वनडे इतिहास के चउथा सर्वोच्च टोटल स्कोर बना देले बिया। एह प्रारूप में महिला टीमन में सबसे जादे स्कोर बनावे के रिकॉर्ड न्यूजीलैंड के नाम बा जवन 2018 में आयरलैंड के खिलाफ चार विकेट पs 491 रन बनवले रहे। न्यूजीलैंड अइसन टीम बिया जे चार बेर वनडे में 400 रनन के का आंकड़ा पार कइले बिया। महिला वनडे क्रिकेट इतिहास के शीर्ष तीन टोटल न्यूजीलैंड के नावे बा, बाकिर चउथा स्थान पs अब भारतीय टीम काबिज हो गइल बिया जवन पहिला बेर एह प्रारूप में 400 रन के आंकड़ा पार कइले बिया।

वनडे में भारतीय महिला टीम के सर्वोच्च टोटल

स्कोर बनाम वर्ष
435/5 आयरलैंड 2025
370/5 आयरलैंड 2025
358/2 आयरलैंड 2017
358/5 वेस्टइंडीज 2024
333/5 इंग्लैंड 2022

मंधाना-प्रतिका के सानदार साझेदारी

भारत एह मुकाबला में टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलस आ मंधाना आउर प्रतिका टीम के दमदार सुरुआत दिलावल लो। एह मैच में मंधाना आ प्रतिका दुनो शतक जड़ल लो। प्रतिका 129 गेना पs 20 चौका आ एक छक्का के मदद से 154 रन बनाके आउट भइली, जबकि मंधाना 80 गेना पs 12 चौकन आ सात छक्कन के मदद से 135 रन बनाके आउट भइली। मंधाना आ प्रतिका पहिला विकेट खातिर 233 रन के साझेदारी कइल जवन वनडे में भारतीय महिला टीम खातिर तीसरका सबसे बड़ साझेदारी हs। वनडे में भारत खातिर सबसे बड़ साझेदारी के रिकॉर्ड पूनम राउत आ दीप्ति शर्मा के नावे बा, जवन 2017 में आयरलैंड के खिलाफ 320 रन जोड़ले रहे लो।

मंधाना लगवली भारत खातिर महिला वनडे के सबसे तेज शतक

मंधाना मात्र 70 गेना पs शतक लगवली, जवन भारत खातिर महिला क्रिकेट में कवनो बैटर के ओर से लगावल सबसे तेज शतक बा। मंधाना एह ममिला में हरमनप्रीत कौर के पीछे छोड़ली जे पिछला साल दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ 87 गेना पs शतक जमवले रहली। मंधाना शतक लगवला के बाद जादे देर क्रीज पs ना टिक सकली आ आपन विकेट गंवा बइठली। मंधाना के वनडे करियर के ई 10वां शतक हs आ महिला वनडे क्रिकेट इतिहास में सबसे जादे शतक लगावे वाली संयुक्त रूप से तीसरका बल्लेबाज बन गइल बाड़ी।

भारत के पारी

भारत खातिर मंधाना आ प्रतिका के अलावा विकेटकीपर बल्लेबाज ऋचा घोष 42 गेना पs 10 चौकन आ एक छक्का के मदद से 59 रन के पारी खेलली। एकरा अलावे तेजल हसबनिस 28 रन आ हरलीन देओल 15 रन बनावल लो। दीप्ति शर्मा 11 आ जेमिमा रोड्रिग्ज चार बनाके नाबाद रहली। आयरलैंड के ओर से ओरला प्रेंडरगास्ट दु विकेट झटकली, जबकि आरलेने केली, फ्रेया सरगेंट आ जॉर्जिना डेंपसे के एक-एक विकेट मिलल।

Read Also: बिहार में 10,470 शिक्षकन के ट्रांसफर खुद करिहें अपर मुख्य सचिव, जानीं एकर कारण

Tags :
400 RUNS BENCH MARKBhojpuri NewsFASTEST ODI HUNDREDFOURTH HIGHEST TOTALIND W Vs IRE WIndian women set their highest ODI scorePRATIKA RAWAL 'smriti IraniSmriti Mandhana
Advertisement
Next Article