For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

10 जनवरी से होई इंटरमीडिएट के प्रायोगिक परीक्षा: 10 से 20 फरवरी तक होई वार्षिक एग्जाम, एडमिट कार्ड जारी

01:03 PM Dec 21, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
10 जनवरी से होई इंटरमीडिएट के प्रायोगिक परीक्षा  10 से 20 फरवरी तक होई वार्षिक एग्जाम  एडमिट कार्ड जारी
Advertisement

सत्र 2022-24 खातिर इंटरमीडिएट के प्रायोगिक परीक्षा खातिर बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से तिथि जारी कs दिहल गइल बा। बता दीं की इंटरमीडिएट के वार्षिक परीक्षा 1 फरवरी से सुरू होखे वाला बा। ओकरा पहिले प्रायोगिक परीक्षा लिहल जाई। बिहार विद्यालय परीक्षा समिति कावर से जारी तिथि के अनुसार 10 जनवरी से इंटरमीडिएट के प्रायोगिक परीक्षा लिहल जाई।

Advertisement

बता दीं की प्रायोगिक परीक्षा खातिर बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के वेब पोर्टल पs एडमिट कार्ड जारी कइल जा चुकल बा। सभे परिक्षार्थियन के एडमिट कार्ड जारी कइल जा चुकल बा। जहां पs विद्यालय के यूजर आईडी आ पासवर्ड से एडमिट कार्ड डाउनलोड कइल जाई।

10 से 20 फरवरी तक होई परीक्षा

प्रायोगिक परीक्षा में सामिल होखे खातिर विद्यार्थियन के अपना विद्यालय से एडमिट कार्ड प्राप्त करे के होई। बता दीं कि प्रायोगिक परीक्षा खातिर सब इंटरमीडिएट कॉलेज के बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से दिशा-निर्देश जारी कइल जा चुकल बा। 10 फरवरी से लेके 20 फरवरी के बीच में सब इंटरमीडिएट कॉलेज में प्रायोगिक परीक्षा के आयोजन कइल जाई।

Tags :
Advertisement