टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जसप्रीत बुमराह के चोट पs आइल सबसे बड़ अपडेट, एतना महीना खातीर हो सकेले बाहर

12:56 PM Jan 06, 2025 IST | Minee Upadhyay
जसप्रीत बुमराह
Advertisement

भारत आ आस्ट्रेलिया के बीच खेलल गइल बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी 5 जनवरी के खतम हो गइल. 5 मैच के एह टेस्ट सीरीज में टीम इंडिया के 1-3 से हार के सामना करे के पड़ल। एह सीरीज के आखिरी टेस्ट मैच सिडनी में भइल जवना के दुसरका दिने जसप्रीत बुमराह कमर में चोट के चलते मैदान से बाहर हो गइलन आ ओकरा बाद ऊ गेंदबाजी ना कs पवले. टीम इंडिया के तिसरका दिन गेंदबाजी में एकर नतीजा भोगे के पड़ल। बुमराह के अनुपस्थिति में भारतीय गेंदबाजी कमजोर हो गइल आ आस्ट्रेलिया 6 विकेट से मैच जीत के सीरीज पs कब्जा कs लिहलस आ विश्व टेस्ट चैम्पियनशिप के फाइनल में आपन जगहा पक्का कs लिहलस.

Advertisement

बुमराह के चोट के चलते तनाव में टीम इंडिया

एही बीच जसप्रीत बुमराह के कमर के चोट के लेके एगो बड़ अपडेट सामने आईल बा। जानकारी के मुताबिक बुमराह के चोट के संबंध आस्ट्रेलिया के खिलाफ टेस्ट सीरीज में काम के बोझ से बा। अइसना में बीसीसीआई के मेडिकल टीम के कोशिश बा कि बुमराह के आईसीसी चैंपियंस ट्रॉफी 2025 खातिर तइयार कइल जा सके काहे कि एह टूर्नामेंट में उनुकर खेल टीम इंडिया खातिर बहुते जरूरी बा. आस्ट्रेलिया के खिलाफ 5 मैच के टेस्ट सीरीज में जसप्रीत बुमराह 150 ओवर से अधिका गेंदबाजी कइलन आ 32 गो विकेट लिहलन.

एह घटनाक्रम से जुड़ल सूत्र के मुताबिक पीटीआई के रिपोर्ट में कहल गईल कि, बुमराह के पीठ के ऐंठन के ग्रेड के बारे में अबे ले कवनो जानकारी नईखे मिलल। अगर बुमराह के चोट ग्रेड 1 के श्रेणी में बा तs ओकरा खेल में लवट आवे से पहिले कम से कम दू से तीन हफ्ता के रिहैब के जरूरत पड़ी. ग्रेड 2 के चोट के स्थिति में ठीक होखे में 6 सप्ताह ले के समय लाग सकता जबकि ग्रेड 3 जवन कि सबसे गंभीर प्रकृति के होखेला, ओकरा में कम से कम तीन महीना के आराम अवुरी पुनर्वास कार्यक्रम के जरूरत होखेला।

भारत-इंग्लैंड के सीरीज ना खेले के मौका मिल सकेला

ध्यान देवे वाला बात बा कि भारत अवुरी इंग्लैंड के बीच 5 मैच के टी-20 सीरीज 22 जनवरी से शुरू होखे वाला बा। एकरा बाद 6 फरवरी से दुनो टीम के बीच 3 मैच के वनडे सीरीज खेलल जाई।  वनडे सीरीज के बाद भारतीय टीम 20 फरवरी से चैंपियंस ट्रॉफी में भाग ली. अइसना में बुमराह के चोट से टीम इंडिया तनाव में पड़ गइल बा. अगर बुमराह चोट के चलते एक महीना ले भी मैदान से बाहर बाड़न तs इंग्लैंड के खिलाफ वनडे सीरीज ना खेल पइहें. अगर उनुकर चोट अउरी गंभीर हो गइल तs उनुका चैंपियंस ट्रॉफी से बाहर होखे के खतरा हो सकेला. 

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

Tags :
cricketcricket newsInd Vs EngJaspreet BumrahJaspreet Bumrah cricketerteam india
Advertisement
Next Article