For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Jasprit Bumrah: 'ICC प्लेयर ऑफ द मंथ' अवॉर्ड खातिर नामित जसप्रीत बुमराह, ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ चटकवलें 32 विकेट

09:50 AM Jan 08, 2025 IST | Anurag Ranjan
jasprit bumrah   icc प्लेयर ऑफ द मंथ  अवॉर्ड खातिर नामित जसप्रीत बुमराह  ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ चटकवलें 32 विकेट
बुमराह - फोटो : BCCI
Advertisement

भारतीय टीम के तेज गेंदबाज जसप्रीत बुमराह के 'आईसीसी प्लेयर ऑफ द मंथ' अवॉर्ड खातिर नामित कइल गइल बा। हाले में ऑस्ट्रेलिया दौरा पs स्टार गेंदबाज घातक गेंदबाजी कइले रहस। 32 विकेटन के संगे ऊ बॉर्डर गावस्कर ट्रॉफी में सर्वाधिक विकेट चटकावे वाला गेंदबाज बनलें। अब उनका एकर इनाम मिलल बा। बुमराह के दिसंबर महीना खातिर 'आईसीसी प्लेयर ऑफ द मंथ' अवॉर्ड खातिर नामित कइल गइल बा।

Advertisement

बुमराह 150 से जादे ओवर फेंकलें

बुमराह फिलहाल पीठ के ऐंठन के समस्या से जूझ रहल बाड़ें। ऊ अतवार के खत्म भइल बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी में भारत के सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी रहलें। 30 साल के ई गेंदबाज पीठ के ऐंठन के कारण ऑस्ट्रेलिया के दूसरका पारी में गेंदबाजी ना कs सकल रहे। ऊ पांच मैचन के एह सीरीज में 150 से जादे ओवर फेंकलें।

कमिंस आ पेटरसन दउड़ में सामिल

एह पुरस्कार के दउड़ में बुमराह के अलावे ऑस्ट्रेलिया के कप्तान पैट कमिंस आ दक्षिण अफ्रीका के तेज गेंदबाज डेन पेटरसन सामिल बाड़ें। कमिंस के नेतृत्व में ऑस्ट्रेलिया भारत के खिलाफ 3-1 से सीरीज अपना नावे कइले रहे। तेज गेंदबाज कमिंस दिसंबर में भारत के खिलाफ तीन टेस्ट में 17.64 के औसत से 17 विकेट हासिल कइलें। कमिंस महीना के आपन सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन एडीलेड में 57 रन पs पांच विकेट चटकाके कइलें, जेकरा मदद से मेजबान टीम 10 विकेट से आसान जीत दर्ज करे में सफल रहल। एकरा अलावे कमिंस मेलबर्न में 49 आ 41 रन के उपयोगी पारियो खेललें।

ओहिजा, पेटरसन श्रीलंका आ पाकिस्तान के खिलाफ सानदार गेंदबाजी करत अपना टीम के जीत में अहम भूमिका निभवलें। ऊ दु टेस्ट में 16.92 के औसत से 13 विकेट चटकवलें, जवना से दक्षिण अफ्रीका विश्व टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल में जगह बनवलस। जहां ओकर भिड़ंत ऑस्ट्रेलिया से होई।

Read Also: ISRO : वी नारायणन बनावल गइलें इसरो के नया अध्यक्ष, एह दिन वर्तमान प्रमुख एस सोमनाथ से लिहें पदभार

Tags :
Advertisement