टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

विश्व पुस्तक मेला में झारखंड के साहित्यकार विजय शर्मा संपादित सत्यजित राय का अपूर्व संसार भाग 1 भाग 2 पुस्तक के भइल प्री-लॉन्चिंग

11:01 AM Feb 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

नई दिल्ली के प्रगति मैदान में आयोजित विश्व पुस्तक मेला के अंतिम दिन अतवार के झारखंड के प्रसिद्ध साहित्यकार विजय शर्मा के संपादित पुस्तक 'सत्यजित राय के अपूर्व संसार भाग 1 भाग 2' के प्री-लॉन्चिंग कइल गइल।

Advertisement

एह दुनो पुस्तकन में प्रोफसर सत्य चैतन्य, डॉ. सी भास्कर राव, डॉ. विजय शर्मा, डॉ. क्षमा त्रिपाठी, डॉ. ऋतु शुक्ला, डॉ. संध्या सिन्हा, अखिलेश्वर पाण्डेय समेत कुल 41 लेखकन कावर से सत्यजीत राय पs लिखल आलेखन के संग्रह कइल गइल बा। एह पुस्तक के प्रकाशन पुस्तकनामा कइले बा। लेखक समीक्षक वैभव मणि त्रिपाठी, आशीष कुमार सिंह आ प्रकाशक महेश्वर दत्त शर्मा के मवजूदगी में ई कार्यक्रम संपन्न भइल।

कार्यक्रम के दौरान वैभव मणि त्रिपाठी कहलें कि सृजन संवाद कार्यक्रम के दौरान सत्यजित राय के संपूर्ण संसार पs आधारित एगो पुस्तक के रचना के संकल्पना कइल गइल। विजय शर्मा एह पुस्तक के संपादन के जिम्मेदारी उठवली आ एकरा के पूरा कइली। कार्यक्रम के संबोधित करत आशीष कुमार सिंह कहलें कि ई पुस्तक फिलिम अध्ययन के विद्यार्थियन आ सत्यजीत राय के फिल्मन के पसंद करे वाला लोगन खातिर मूल्यवान दस्तावेज साबित होई।

पुस्तक के प्रकाशक महेश्वर दत्त कहलें कि लमहर समय से हिंदी के पाठक सत्यजित राय के फिल्मी जिनगी पs आधारित एगो समग्र रचना के इंतजार करत रहे लो। लेखकन के प्रयास आ संपादक के अथक परिश्रम से ई काम पूरा भइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsPre Launching of bookPustaknamaSatyajit RaySatyajit Ray kaa Apurva SansarVaibhav Mani TripathiVijaya SharmaWorld Book Fair
Advertisement
Next Article