टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Joe Root टेस्ट में हासिल कइले बड़ कीर्तिमान, एक झटका में तुड़लें सचिन-सहवाग के वर्ल्ड रिकॉर्ड

11:53 AM Sep 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

Joe Root Test Cricket: इंग्लैंड टीम के स्टार बैटर जो रूट, जे अतवार (8 सितंबर) के ICC टेस्ट बल्लेबाजन के रैंकिंग में पहिला स्थान पs बाड़ें। जो रूट श्रीलंका के खिलाफ खेलल गइल तीसरका टेस्ट मैच में 13 रन बनवला के संगही बड़ मुकाम हासिल कइलें।

Advertisement

पूर्व श्रीलंकाई कप्तान कुमार संगकारा के पछाड़के जो रूट टेस्ट क्रिकेट में छठा सबसे जादे रन बनावे वाला खिलाड़ी के जगह हासिल कइलें। 33 साल के रूट, जे हाल में सानदार फॉर्म में बाड़ें, ऊ महज 13 रन बनावते महान क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर आ पूर्व भारतीय क्रिकेटर वीरेंद्र सहवाग के रिकॉर्ड तुड़ देलें।

Joe Root Sachin Tendulkar के तुड़लें रिकॉर्ड

दरअसल, इंग्लैंड टीम के बैटर जो रूट श्रीलंका के खिलाफ टेस्ट सीरीज में कमाल के प्रदर्शन कइलें। ऊ 6 पारियन में कुल 375 रन बनवलें, जेमे दुगो शतक आ एगो अर्धशतक सामिल बा। एह वजह से उनका के प्लेयर ऑफ द सीरीज से नवाजल गइल।

इंग्लैंड खातिर जो रूट के टेस्ट में छठा बेर प्लेयर ऑफ द सीरीज के अवॉर्ड मिलल, जवन कि इंग्लैंड खातिर सबसे जादे बा। एह दौरान ऊ महान क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर आ वीरेंद्र सहवाग के पछाड़ देलें, जे टेस्ट क्रिकेट में पांच बेर प्लेयर ऑफ द सीरीज अपना नामे कइले रहस।

टेस्ट में मुथैया मुरलीधरन सबसे जादे 11 बार प्लेयर ऑफ द सीरीज अवॉर्ड जीतले बाड़ें। दूसरका नंबर पs भारत के रविचंद्रन अश्विन मौजूद बाड़ें, जे 10 बेर ई अवॉर्ड जीतले बाड़ें।

टेस्ट क्रिकेट में सबसे जादे प्लेयर ऑफ द सीरीज अवॉर्ड जीते वाला इंग्लिश प्लेयर्स

टेस्ट क्रिकेट में सबसे जादे रन

Tags :
Bhojpuri NewsJoe RootMost Player Of the Series Awardssachin tendulkarTest CricketVirender Sehwagworld record
Advertisement
Next Article