टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

JPU में स्नातक लंबित परीक्षा ना होखला से छात्र परेसान: PRO बोललें-15 जून के पहिले परीक्षा होखला के संभावना

11:12 AM May 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जय प्रकाश विश्वविद्यालय के परीक्षा विभाग कावर से ग्रेजुएशन के लंबित परीक्षा के लेके तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। 15 जून के पहिले लंबित परीक्षा सुरू करावे खातिर परीक्षा विभाग के ओर से तइयारी कइल जा रहल बा। पहिले से जारी सूचना के अनुसार मई महीना में परीक्षा सुरू होखे के रहे। बाकिर अभी ले कवनो नोटिफिकेशन जारी ना भइल।

Advertisement

जवना के लेके विद्यार्थियन में असमंजस के इस्थिति बनल बा। हालांकि, मई के अंतिम सप्ताह में नोटिफिकेशन जारी करे के लेके यूनिवर्सिटी के ओर से आश्वस्त कइल गइल बा। बाकिर प्रमंडल के तीनों जिला छपरा सिवान गोपालगंज में लोकसभा चुनाव होखला के चलते चुनावी प्रक्रिया के लेके कार्य बाधित भइल बा।

जल्दिये जारी होई फॉर्म भरे के नोटिफिकेशन

विश्वविद्यालय के पीआरओ राजेश पांडेय कुलपति प्रो. प्रमेन्द्र कुमार वाजपेयी के हवाले से बतवलें कि जून महीना में हर हाल में स्नातक के परीक्षा सम्पन्न करा लिहल जाई। परीक्षा विभाग एकर तइयारी सुरू कs देले बा। महाराजगंज, सीवान आ गोपालगंज में मतदान के प्रक्रिया समाप्त होखला के बाद परीक्षा फॉर्म भरे से संबंधित नोटिफिकेशन जारी कइल जाई।

स्नातक के इन तीनो सत्रन के परीक्षा एक संगे संभावित बा। परीक्षा विभागो एक संगे एके शेड्यूल पs तीनो परीक्षा के लेवे के तइयारी कs रहल बा। 15 जून के पहिले परीक्षा होखे के पूरी संभावना बा।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra Newseducation newsExam UpdateGraduation ExamJPU
Advertisement
Next Article