For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

जानी भारत के 5 भयावह मंदिर, जहां जाए से डेरा जाला लोग, जानी एह मंदिरनऽ के किस्सा

11:01 AM Feb 24, 2024 IST | Raj Nandani
जानी भारत के 5 भयावह मंदिर  जहां जाए से डेरा जाला लोग  जानी एह मंदिरनऽ के किस्सा
Advertisement

Haunted Temples of India: आत्मा से बचे आ खराब शक्तियनऽ से छुटकारा पावे खातिर लोग पूजा-पाठ करे मंदिर जाले । भारत में कुछ अइसन मंदिर बाड़ी सन जवना के आत्मा से जोड़ के देखलs जाला । आइ रउवा के इ जगहा आ इ मंदिरनऽ के बारे में बतावतऽ बानी, जहांवा नकारात्मक शक्तियनऽ के होखला के अहसास होला।

Advertisement

Mehandipur Balaji Temple, Rajasthan मेहंदीपुर बालाजी मंदिर राजस्थान में स्थित भगवान हनुमान के एगो अइसन मंदिर बा जहांवा आत्मा, भूत-प्रेत भा नकारात्मक शक्तियन के भगावल जाला । इहवां के माहौल देखऽ के जाए वालनऽ के दिल डेरातऽ रहेला । इहवां आदमी के शरीर के खराब आत्मावन से मुक्त करावे खातिर जंजीर में बांधलऽ जाला।

Devji Maharaj Mandir, Madhya Pradesh मध्य प्रदेश के एह देवजी महाराज मंदिर में भूत वाला मेला आयोजित कइलऽ जाला । पूर्णिमा के रात के इ मेला लागेला,जेकरा मे लोग आत्मा से मुक्ति पावे खातिर आवे ले । इहवां भूत भगावे खातिर प्रभावित आदमी पs झाड़ू मारलऽ जाला । इहवां स्थानीय लोग के इहवां अजीब महसूस होला ।

Dattatreya Mandir, Madhya Pradesh मध्य प्रदेश के गंगापुर आस्थित दत्तात्रेय मंदिर के विचित्र मंदिरनऽ में से एक मानलऽ जाला । इहवां लोग के कहे ला कि मंदिर में अइला पs अजीब महसूस होखे ला । इहवां अमावस्या आ पूर्णिमा के दिन में लोग आवे ले आ इहवां देवता मे गारी देवे ले। अइसन मान्यता बा कि एकरा से उन्का लोग के खराब आत्मा सन से मुक्ति मिल जाला ।

Chandi Devi Temple, Haridwar उत्तराखंड के हरिद्वार में स्थित चंडी मंदिर नवरात् के दिननऽ में इहवां चंडी देवी के हिंसक रूप से प्रभावित हो जाले । उहवें बाकी के दिननऽ में इहवां लोग नकारात्मक शक्तियन से छुटकारा पावे खातिर आवे ले ।

Harsu Brahm Temple, Bihar बिहार में स्थित हरसू ब्रह्म मंदिर एगो ब्राह्मण खातिर बनऽवावलऽ गइलऽ रहे , जेकर चाह रहे कि लोग ओकरा के पूजें । ओकरे आत्मा एह मंदिर में बा इहवां प्रेत-आत्मावनs से छुटकारा पावे खातिर लोग आवे ले।

Tags :
Advertisement