For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

MMMUT में बड़ पैमाना पs भइल प्रशासनिक फेरबदल: कइयन डीन के पदन पs नया तैनाती भइल, कुछ नया पद सृजित भइल, प्रोफेसर वीके बनलें डीन इंटरनेशनल अफेयर्स

12:27 PM Dec 04, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
mmmut में बड़ पैमाना पs भइल प्रशासनिक फेरबदल  कइयन डीन के पदन पs नया तैनाती भइल  कुछ नया पद सृजित भइल  प्रोफेसर वीके बनलें डीन इंटरनेशनल अफेयर्स
Advertisement

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी यूनिवर्सिटी में बड़ पैमाना पs प्रशासनिक फेरबदल कइल गइल बा। यूनिवर्सिटी में डीन्स के पदनाम आ कार्यभार में बदलाव कइल गइल बा। नवंबर में भइल यूनिवर्सिटी मैनेजमेंट बोर्ड के मीटिंग में एकार प्रस्ताव पारित कइल गइल रहे। जवना के पीछे के तर्क दिहल गइल रहे कि बदलत जरूरतन के अनुसार नया डीन के पद सृजित कइल जाये के चाही आ तैनात डीन्स के कार्यभार में बदलाव होखे के चाहीं।

Advertisement

प्रोफेसर वीके मिश्र बनलें डीन ग्रेजुएशन स्टडी

एही क्रम में यूनिवर्सिटी प्रशासन आज नया डीन्स के पद सृजन के संगही कार्यभार में परिवर्तन संबंधी आदेश जारी कs दिहल गइल बा। गणित डिपार्टमेंट के प्रोफेसर वीके मिश्र के डीन ग्रेजुएशन स्टडी नियुक्त कइल गइल बा। एकरा पहिले एह पद पs प्रो. पीके सिंह तैनात रहलें। कंप्यूटर साइंस डिपार्टमेंट के प्रो. पीके सिंह के नवसृजित पद डीन विस्तार, क्षेत्र गतिविधिय आ पुरातन छात्र संबंध नियुक्त कइल गइल बा। इलेक्ट्रिकल इंजीनियरिंग डिपार्टमेंट के प्रो. वीके गिरी के डीन स्टूडेंट वेलफेयर नियुक्त कइल गइल बा। एकरा पहिले एह पद पs प्रो. एएन तिवारी तैनात रहलें।

प्रोफेसर वीके द्विवेदी बनलें डीन इंटरनेशनल अफेयर्स

कंप्यूटर साइंस डिपार्टमेंट के प्रो. राकेश कुमार के नव सृजित पद पs डीन शोध आ प्रोफेशनल प्रैक्टिसेज बनावल गइल बा। प्रो. राकेश कुमार अब तक छात्र क्रिया कलाप परिषद के अध्यक्ष रहलें। उनका स्थान पs फिजिक्स डिपार्टमेंट के प्रो. बीके पांडेय के अध्यक्ष, छात्र क्रिया कलाप परिषद बनावल गइल बा।  सिविल इंजीनियरिंग डिपार्टमेंट के राम दुलार के प्रभारी अधिष्ठाता, अवस्थापना आ नियोजन नियुक्त कइल गइल बा।

ट्रेनिंग आ प्लेसमेंट सेल के प्रभारी प्रो. वीके द्विवेदी के नवसृजित डीन इंटरनेशनल अफेयर्स बनावल गइल बा। एह पद पs पहिले से तैनात प्रो. यूसी जायसवाल के डीन फैकल्टी अफेयर्स आ डीन पोस्ट ग्रेजुएशन स्टडीज प्रो. संजय मिश्र पहिले से निर्धारित कार्यकाल पूरा करे भा अगिला आदेश तक पद पs बनल रहिहें।

Tags :
Advertisement