टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

नींबू, लौंग आ सिंदूर... यूपी के आदमी काला जादू करत रहे? भाई के मौत के डर होखे लागल रहे, तब...

11:39 AM Apr 22, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

पुलिस अधीक्षक मीनाक्षी कात्यायन बतवली कि गांव के लोग आ पुलिस इंद्रजीत के जिला अस्पताल ले गइले। एतवार के उनका के वाराणसी के ट्रॉमा सेंटर रेफर क दिहल गइल, जहां उनकर मौत हो गइल। पूछताछ के दौरान महेंद्र पुलिस के बतवले कि इंद्रजीत पहिले तंत्र-मंत्र करत रहले आ उ उनका के मारे के योजना बनावत रहले।

Advertisement

भदोही : उत्तर प्रदेश के भदोही जिला में एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आइल बा, जवना में एगो आदमी अपना बड़ भाई के पीट-पीट के हत्या क देलस। पुलिस एतवार का दिने कहलस कि एगो 62 बरीस के आदमी के ओकर चचेरा भाई कथित तौर पर जादू-टोना करे के आशंका में पीट-पीट के हत्या कर दिहलस। जिला के भरहकी गांव के घटना। उ बतवले कि शारीरिक रूप से विकलांग इंद्रजीत पाठक अपना घर के बहरी हैंड पंप के नजदीक नहात रहले, तबे उनकर चचेरा भाई महेंद्र नाथ पाठक (54 साल) उहाँ आके उनका प मोट लकड़ी के टुकड़ा से हमला कइ ले।

बार-बार हमला के चलते इंद्रजीत जमीन प गिर गइले आ शरीर से भरपूर खून बहे लागल। पुलिस के कहनाम बा कि, हल्ला सुन के पीड़िता के बेटी आंचल, जवन कि शारीरिक रूप से विकलांग बाड़ी, बहरी निकलली, बाकि उनकर चाचा भाग गइले। पुलिस अधीक्षक मीनाक्षी कात्यायन बतवली कि गांव के लोग आ पुलिस इंद्रजीत के जिला अस्पताल ले गइले। रविवार के उनका के वाराणसी के ट्रॉमा सेंटर रेफर क दिहल गइल, जहां उनकर मौत हो गइल। उ बतवले कि पूछताछ के दौरान महेंद्र पुलिस के बतवले कि इंद्रजीत पहिले तंत्र-मंत्र करत रहले आ उ उनका के मारे के योजना बनावत रहले।

आरोपी के दावा बा कि करीब 14 साल पहिले इंद्रजीत अपना बेटा प कुछ तंत्र-मंत्र कइले रहले, जवना के चलते उनकर मौत हो गइल। सपा बतवले कि महेन्द्र अपना चचेरा भाई से जादू-टोना छोड़े के कहले बाकी जब उ ना मानले त उनकर हत्या क देले। पुलिस के कहनाम बा कि आंचल के शिकायत के आधार प आईपीसी के धारा 304 (गैर इरादतन हत्या), 504 (शांति भंग करे के इरादा से जानबूझ के अपमान) अवुरी 506 (आपराधिक धमकी) के तहत मामला दर्ज भइल बा आ महेंद्र के गिरफ्तारी हो गइल बा ।

Tags :
Bhadohi NewsBhojpuri khabarBlack Magicdeath newsKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri NewsMurder Caseuttarpradesh
Advertisement
Next Article