टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gonda News : संदिग्ध हालात में मिलल दु गो युवकन के शव, हत्या के आशंका

08:35 AM Oct 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
अपराध: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

 

गोंडा जिला के मोतीगंज में मंगल के सबेरे पेड़ारन परतिहन पूर्वा के एगो नवही के लाश संदिग्ध हालत में झाड़ी में पड़ल मिलल. एही समय धानेपुर में देवदहवा तालाब के लगे सागौन के बगइचा में एगो युवक के लाश पड़ल मिलल। दुनो मामला में हत्या के शक बा। पुलिस के कहनाम बा कि पोस्टमार्टम के बाद हत्या अवुरी आत्महत्या के रहस्य सुलझावल जाई।

पेड़ारन परतिहन पूर्वा निवासी विकास बतवले कि 05 अक्टूबर के उनुकर बेटी नीता के मुंडन रहे। बड़ भाई अमरजीत (27) के घर के पहरा देवे खातीर छोड़ के उs परिवार के सभ लोग के संगे मुंगरौल देवी के मुंडन करावे गईल रहले। साँझ के जब सब लोग लवटल तss अमरजीत घर में ना मिलल। देर रात ले जब उs वापस ना अईले तs तलाश कईल गईल। बाकिर कुछूओ पता ना चल पावल। 6 अक्टूबर के उनुकर महतारी उर्मिला थाना में लापता रिपोर्ट दर्ज करवले रहली। मंगल के सबेरे अमरजीत के लाश गांव से एक किलोमीटर दूर मनवर नदी के किनारे झाड़ी में संदिग्ध हालत में पड़ल मिलल। विकास के मुताबिक बाद में पता चलल कि 5 अक्टूबर के सांझ के 4 बजे उनुका गांव के एगो युवक अपना भाई के घर से फोन कs के संगे ले गईल रहे। परिवार के लोग अमरजीत के हत्या के शक जतवले बाड़े। लाश के जानकारी मिलला पs सीओ सदर शिल्पा वर्मा अवुरी प्रभारी निरीक्षक अनिता यादव उहाँ पहुंच के लोग से जानकारी लेली।

दुसरका घटना में मंगल के दिने धानेपुर थाना क्षेत्र के बाबागंज रोड पर देवदहवा पोखरा के लगे सागौन के बगइचा में एगो 45 बरीस के नवही के लाश संदिग्ध हालात में पड़ल मिलल. जानकारी पs सीओ सदर शिल्पा वर्मा अवुरी थाना प्रमुख सुनील सिंह मौका पs पहुंच के जांच कईले। फोरेंसिक टीम भी मौका पs पहुंच के सबूत एकट्ठा कईलस। स्थानीय लोग आशंका जतवले बाड़े कि कहीं युवक के हत्या कs के ओकर लाश बगइचा में फेंक दिहल गइल बा। थाना प्रभारी सुनील सिंह बतवले कि लाश के पहचान नईखे हो पावत। पहिचान खातिर सोशल मीडिया के भी इस्तेमाल हो रहल बा।  सीओ सदर शिल्पा वर्मा बतवली कि दुनो लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेजल गईल बा। हत्या आ आत्महत्या के रहस्य पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बाद ही सुलझ जाई।

मोतीगंज के पेड़ारन परतिहन पुरवा निवासी विकास बतवले कि उनुकर बड़ भाई अमरजीत के ससुराल देवरिया के लार में बा। अमरजीत के पत्नी तीन साल से अपना माता-पिता के घर में रहत बाड़ी। एकरा चलते अमरजीत तनाव में रहले। पुलिस एs पहलू के भी जांच करतिया।

 

 

Tags :
crimeCrime NewsGonda Newslucknow
Advertisement
Next Article