टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे- सबेरे: मार्जरी आसन आ शशांकासन से कमर दरद के समस्या हो जाई दूर

08:16 AM Apr 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

कमर दरद के समस्या आमतौर पs खराब पोश्‍चर के चलते होला। अगर रउरा भी कमर दरद से परेशान बानी, तs आप योग के मदद् से ठीक कs सकेनी|

Advertisement

कमर दरद के समस्या आजकल काफी आम बा, जवन कि महिला में बहुत देखाई देता। एतने ना, जदी आप घंटन लैपटॉप पs काम करतानी अउरी आपके मुद्रा सही नईखे, तs कमर दरद के समस्या भी हो सकता। एकरा अलावे जदी आप घंटन खड़ा होके काम करतानी तs इहे कमर दरद के कारण भी हो सकता। वजन बढ़ला के चलते कमर दरद भी हो सकता। अगर आप भी ए कारण से परेशान बानी अउरी कमर दरद के शिकायत बा,तs आप योग आसन के मदद से एकरा से उबर सकतानी।

पद्मासन, अर्ध पद्मासन आ सुखासन , चटाई पे बईठ के दुनो हाथ के आपस में जोड़ के उठा के पूरा शरीर के ऊपर के ओर खिंची। ओकरा बाद हाथ नीचे क के आराम करीं। अब एगो लम्बा साँस लेके ध्यान करीं।

मार्जरी आसन

मार्जरी आसन (Marjariasana) के मदद से आप कमर दर्द के समस्या से उबर सकतानी। एकर नियमित अभ्यास से आसपास के मांसपेशी के भी मजबूती मिलेला। एकरा खातिर घुटना मोड़ के पीठ सीधा क के अपना चटाई पे बईठे के चाही। अब एगो लम्बा साँस लेत हाथ के हथेली आगे के ओर मुँह क के राखीं। घुटना के छू के दुनो हाथ के कोहनी के फर्श पे राखी अउरी अब एक हाथ के फाँक बना के दुनो हाथ पे वजन देके घुटना पे खड़ा होखे के चाही। ध्यान रहे कि आपके दुनो हाथ एकही जगह पे ठीक होखे के चाही। अब एगो लम्बा साँस लेके कमर के नीचे के ओर तान के गरदन के ऊपर के ओर उठाईं। अब पकड़ के साँस छोड़ के कमर उठाईं। साथ ही गर्दन के नीचे की ओर गति भी करे। एकरा के कैट कैमल पोज भी कहल जाला।10 चक्र ले इs प्रक्रिया करीं।

शशांकासन

 

शशांकासन में चटाई पे बईठ के साँस लेत घरी दुनो हाथ के सीधा माथा से ऊपर उठाई अउरी सांस छोड़त घरी धीरे-धीरे हाथ के बिना मोड़ले आगे मोड़ लीं, जब ले कि आपके माथा जमीन से ना छू जाए। अब जमीन पे हाथ अउरी कोहनी के छूवत घरी अपना क्षमता के मुताबिक कुछ समय तक सांस बंद क लीं। ध्यान रहे कि राउर कूल्हि ऊपर उठल बा। धीरे-धीरे साँस लेत रहीं।

भुजंगासन

अब एगो गहिरा साँस लीं कि शशंकसना से भुजंगासन आ जाईं आ अपना शरीर के आगे के हिस्सा के दुनु हाथ के बीच से खींच के शरीर के आगे उठाईं आ दुनु कंधा पर पूरा वजन उठाईं| राउर गोड़ सीधा रही आ थाई जमीन से जुड़ल रही| आगे देख के 10 ले गिनती करीं। अब फेरु शशंकसना के मुद्रा बनाईं। रउआ ई प्रक्रिया 10 बेर करेनी।

 

 

 

Tags :
BhujangasanaLifestylelifestyle news in bhojpuriMarjari AsanaShashankasanaभुजंगासनमार्जरी आसनलाइफ स्टाइललाइफ स्टाइल न्यूज इन भोजपुरीशशांकासन
Advertisement
Next Article