टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur News: रेलवे के चेकिंग अभियान में 24 हजार से जादे बेटिकट यात्रियन से वसूलल गइल 1 करोड़ से बेसी रुपिया

07:20 AM Oct 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर (Gorakhpur News)। बिना टिकट के 24 हजार 783 लोग रेलवे से यात्रा करते पकड़ल गइल बा। एह ममिला में रेलवे वसूली नियमन के उल्लघंन करे वाला लोगन से करोड़न रुपिया के वसूली कइले बा। पूर्वाेत्तर रेलवे के डीआरएम आदित्य कुमार बतवलें कि लगातार आ रहल शिकायत के बाद सितंबर के महीना में चेकिंग अभियान चलावल गइल। एमे बड़ संख्या में लोगन के नियमन के उल्लंघन करत पकड़ल गइल।

Advertisement

लखनऊ रूट से आवाजाही करे वालन के मिलल बिना टिकट

पूर्वोत्तर रेलवे के तरफ से चलावल गइल अभियान में लखनऊ रूट पs जादे संख्या में यात्री बिना टिकट आवाजाही करत मिलल लो। सीनियर डीसीएम आशुतोष गुप्ता बतवलें कि गोरखपुर, खलीलाबाद, बस्ती, लखनऊ, बाराबंकी, ऐशबाग, सिधौली, बिसवां रूट पs सबसे जादे संख्या में यात्री बिना टिकट पकड़ल गइल लो।

एकरो के पढ़ीं : छपरा में अभियुक्त के कोर्ट में ना पेश कइला पs जेल अधीक्षक पs कोर्ट के कार्रवाई, 5000 रुपिया के लगवलस जुर्माना 

फतेहपुर रूट पs मजिस्ट्रेट टिकट चेकिंग कइल गइल। गोरखपुर आ गोंडा से गुजरे वाला ट्रेनन में अभियान चलावल गइल।

24,783 लोगन से वसूलल गइल 1 करोड़ 67 लाख रुपिया 

24,783 लोग 133 ट्रेनन में बिना टिकट यात्रा करत मिलल। एह लोगन से रेलवे 1 करोड़ 67 लाख 7 हजार 739 रुपए के वसूली कइलस। एकरा संगे बिना बुकिंग के 147 ममिला पकड़ल गइल। एसे 20,910 रूपिया के जुर्माना वसूलल गइल।

रेलवे चलवलस स्वच्छता अभियान

रेलवे खुला में शौच ना करे के अपील लोगन से कइले बा। एह दौरान स्वच्छता अभियान चलावल गइल। पब्लिक अनाउंसमैंट सिस्टम के ओर से ’स्वच्छ रेलपथ दिवस’ के अवसर पs जागरूकता संदेश दिहल गइल। रेलवे के तरफ से ट्रैकन के सफाइयो कइल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsFine more Than 1 Crore Collectedgorakhpur newsindian railwaysTicket Checking
Advertisement
Next Article