टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

माई के सनेह आ मोगरा के महक: प्रियदर्शनी

12:00 PM Jun 20, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

"माई के सनेह आ मोगरा के महक"

Advertisement

हमरा दुआरी पऽ

एगो मोगरा के पेड़ बावे,

भोरे-भोरे

माई जब केवाड़ खोल के

दुआरी पऽ आवेली तऽ

भोर के ठंडा-ठंडा हवा आऽ

एह फूल के महक से,

माई फेर से महक उठेऽली।

आ उऽ अपना जिनगी मे चल जाऽली,

जहाँ, कहियो उऽ खुद्दे,

मोगरा के सफेद रंग जइसन,

सनेहिया के रंग में रंगल रहली।

सावन, कजरी, चैती आ

बदरा के झूला मे झूलले रहली।

तनका देर,

बइठ के माई सोचे के

शुरुए करे लीऽ कि तुरंते

ज़िम्मेदारी के बोझ से भरिया जाऽली।

पीहर छोड़ ससुराल अइला आ,

हमनीं के जनम भइला के बाद माई !

कब आपन शौक आ पसंद भुला गइली,

ई तऽ खुद्दे माइयों के नइखे पता ।

बाकिर,

माई आपन भीतर के

मोगरा जइसन सनेहिया के ना भुला पवली।

तबे तऽ उहे सनेहिया हमनीं सब पऽ लुटा के,

आपना मन के भुलावेली आ सनेह के माने सिखावेली............

- प्रियदर्शनी

परिचय : रूद्राणी प्रियदर्शनी, पटशर्मा गायघाट मुजफ्फरपुर के रहे वाला बाड़ी। इनकर 12वीं के पढ़ाई असो पूरा भइल बा, एकरा साथही प्रियदर्शनी NEET के तइयारी कर रहल बाड़ी। हिंदी में कविता लिखे के साथही इनकर परयास बा की ई भोजपुरियो में लिखस। "माई के सनेह आ मोगरा के महक" इनकर पहिला भोजपुरी कविता हऽ जवन उऽ अपना माई खातिर लिखले बाड़ी।

Tags :
Bhojpuri kavitaBhojpuri PoetryBhojpuri SahityaKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news special
Advertisement
Next Article