टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एमफिल के डिग्री अमान्य, 2023-24 सेशन के रोके खातीर यूनिवर्सिटी उठवलस तत्काल कदम: यूजीसी

05:14 PM Dec 27, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

यूजीसी विश्वविद्यालयन से कहलस कि एमफिल डिग्री के मान्यता ना दिहल जाव। यूजीसी कहलस कि विश्वविद्यालयन के तुरते कदम उठावे के चाहीं कि सत्र 2023-24 खातिर दाखिला रोकल जा सके। यूजीसी के सचिव मनीष जोशी छात्रन के चेतवले कि विश्वविद्यालयन के ओर से दिहल जाए वाला कवनो एमफिल कार्यक्रम में दाखिला ना होखे के चाहीं।

एमफिल डिग्री कवनो मान्यता प्राप्त डिग्री ना ह : जोशी

विश्वविद्यालय अनुदान आयोग विश्वविद्यालयन के चेतवले बा कि एमफिल कोर्स मान्यता प्राप्त डिग्री ना हs। यूजीसी छात्रन के एह तरह के कोर्स में दाखिला ना लेबे से चेतवले बा। आयोग के सचिव मनीष जोशी कहले कि, "यूजीसी के संज्ञान में आईल बा कि कुछ विश्वविद्यालय एम.फिल (मास्टर ऑफ फिलॉसफी) खातीर नाया आवेदन बोलावतारे। ए मामिला में सभके सोझा ले आवल जाता कि एम.फिल के डिग्री मान्यता नइखे "

विश्वविद्यालयन के तुरते एमफिल कार्यक्रम में दाखिला बंद करे के चाहीं : आयोग

सचिव मनीष जोशी कहले कि, यूजीसी (पीएचडी डिग्री खातीर न्यूनतम योग्यता अवुरी प्रक्रिया) नियम, 2022 के नियम संख्या 14 में साफ-साफ कहल गईल बा कि उच्च शिक्षा संस्थान में कवनो एमफिल कार्यक्रम ना होई। आयोग विश्वविद्यालयन से कहले बा कि सत्र 2023-24 खातिर कवनो एमफिल कार्यक्रम में दाखिला तुरते बंद कs दिहल जाव। मनीष जोशी कहले कि, छात्र के सलाह दिहल जाता कि कवनो एमफिल कार्यक्रम में दाखिला मत लेवे।

 

 

 

 

Tags :
EducationUGCUniversitiesएजुकेशनशिक्षा
Advertisement
Next Article