टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

15 सालन से फरार नक्सली गिरफ्तार : सारण पुलिस विशेष योजना के तहत नक्सली के पकड़लस, बम विस्फोट में आरोपी रहे

12:07 PM Mar 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सारण पुलिस के बड़ सफलता हाथे लागल बा। 15 साल से फरार चल रहल कुख्यात नक्सली के पुलिस पकड़े में सफलता हासिल कइले बिया। गिरफ्तार नक्सली पs कइयन गो वारदात दर्ज बा। नक्सली के पहचान सारण जिला के मकेर थाना अंतर्गत जमालपुर गांव निवासी ललन राम पिता शंभू राम के रूप में भइल बा।

Advertisement

पकड़ल गइल आरोपी पs 25 अक्टूबर, 2010 के बम विस्फोट करे के आरोप बा। एकरा के लेके पुलिस के लमहर समय से ओकर तलाश रहे। जवन अब जाके पूरा भइल बा। ललन राम के गिरफ्तारी पुलिस खातिर बड़ सफलता मानल जा रहल बा। नक्सली के गिरफ्तारी के जानकारी एसपी गौरव मंगल प्रेस विज्ञप्ति जारी करत देले। फिलहाल गिरफ्तार नक्सली के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा।

ललन राम के गिरफ्तारी से नक्सलियन से जुड़ल कइयन गो जानकारी मिलला के आसार जतावल जा रहल बा। गिरफ्तार शंभू राम के परसा आ मकेर के दियारा क्षेत्र में आतंक रहे। नक्सली शंभू राम कावर से अपना-अपने गिरोह के सदस्यन के संगे मिलके आपराधिक घटना के अंजाम दिहल जाता रहे। एकरा के लेके कइयन गो ममिलन में शंभू राम आपन संलिप्तता स्वीकार कs लेले बा।

नक्सली के गिरफ्तारी के लेके एसपी गौरव मंगल ने प्रेस विज्ञप्ति जारी करत बतवलें कि सारण जिलान्तर्गत अपराध के मुख्य शीर्ष में वांछित अभियुक्तन के गिरफ्तारी खातिर लगातार अभियान चलावल जा रहल बा।

एही क्रम में मकेर पुलिस दल कावर से मकेर थाना कांड संख्या-38/10, दिनांक-25.10.10, धारा-147/148/149/427/395/452 IPC आ CLA Act आउर 3/4 विस्फोटक पदार्थ अधि. में वांछित आ 14 सालन से फरार चल रहल नक्सली-ललन राम, उम्र-61 साल, पिता-शम्भू राम, सा.-जमालपुर, थाना-मकेर, जिला-सारण के गिरफ्तार कइल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsBig AchivementNaksali ArrestdNaksali Shambhu Ram Arrestedsaran newssaran police
Advertisement
Next Article