टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

छपरा शहर में अब खुला में ना बेचाई मांस-मछली, नगर आयुक्त देलस आदेश

11:51 AM Oct 07, 2024 IST | Sonu Kishor
छपरा में खुला में मांस मछरी बेचला पऽ रोक
Advertisement

छपरा नगर निगम क्षेत्र में मांस आ मछरी के खुला बिक्री पऽ रोक लगा दिहल जाई। एह संबंध में नगर निगम प्रशासन के ओर से प्रयास तेज कइल गइल बा। नगर आयुक्त सुनील कुमार के ओर से चिट्ठी जारी कऽ के निगरानी समिति बनावल गइल बा। एमें नगर निगम क्षेत्र के दू भाग में बाँट के खुला मे मांस मछरी बेचे पs जुर्माना लगावे के प्रावधान कइल गइल बा। एकरा संगे-संगे सभ मांस-मछरी के दोकानदार के लाइसेंस लेवे के अनिवार्य कऽ दिहल गइल बा। हालांकि शुरू में सभ दोकानदार प्रेरित कइल जाई।एकरा बाद एगो निश्चित अवधि के बाद सभ दोकानदार के लाइसेंस लिहल अनिवार्य हो जाई।

Advertisement

नगर आयुक्त नगर निगम के 45 वार्ड के दु भाग में बांट के दुगो सहायक लोक सुरक्षा अधिकारी के नेतृत्व में टीम बनवले बाड़े। वार्ड नम्बर 1 से 22 तक लोक स्वच्छता अधिकारी सुमित कुमार के नेतृत्व में स्वच्छता निरीक्षक चंद्र मोहन यादव, अखिलेश राय आ संजय राम कार्रवाई करीहें। जहां वार्ड नम्बर 23 से 45 तक स्वच्छता निरीक्षक असगर अली, राजनाथ राय आ सुमित कुमार लोक स्वच्छता अधिकारी संजीव कुमार मिश्र के नेतृत्व में कार्रवाई करीहें। मेयर लक्ष्मी नारायण गुप्ता के आदेश पऽ नगर आयुक्त मांस-मछली के दोकान हटावे के अभियान शुरू कऽ देले बा।

Tags :
chapra newsChhapraChhapra Bihar newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsLaw and Order
Advertisement
Next Article