टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अब हर घंटी पs बनी शिक्षकन के हाजिरी: प्रत्येक घंटी पs रजिस्टर में देवे के होई विषय के विवरण, सभे के 6 क्लास लिहल अनिवार्य

12:11 PM Jan 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बिहार में शिक्षा व्यवस्था में सुधार खातिर शिक्षा विभाग लगतार प्रयासरत बा। प्रतिदिन पटना से वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से जिला के शिक्षा अधिकारियन के संगे मीटिंग लिहल जा रहल बा। आदेसन के अनुपालन हो रहल बा आ एकर समीक्षा कइल जा रहल बा। शिक्षा विभाग के अपर मुख्य सचिव के के पाठक सब शिक्षकन के प्रत्येक घंटी के हिसाब किताब रखे के निरदेस दिहल गइल बा।

Advertisement

जवना के तहत प्राथमिक माध्यमिक, उच्च माध्यमिक आ इंटर कॉलेज में सब शिक्षकन के प्रत्येक घंटी के एगो रजिस्टर में विवरण भरे के निरदेस दिहल गइल बा। एकरा के लेके जिला शिक्षा पदाधिकारी राजेंद्र सिंह सब शिक्षकन के निर्देश देले बाड़ें कि सब शिक्षक आपन अलग-अलग रजिस्टर रखके आ प्रत्येक घंटी के विवरण लिखी लो।

प्रखंड कार्यालय में जमा करे के होई रजिस्टर

बता दीं कि रजिस्टर में शिक्षकन के कवना घंटी में कवन विषय पढ़वले बा लो। पहिला घंटी कवना कक्षा के लिहल लो। एह सब के विवरण देवे के होई। जेतना कक्षा के क्लास शिक्षा के उतना बेर आपन उपस्थिति रजिस्टर में नोट करिहें। एकरा के लेके शिक्षा विभाग एगो प्रपत्र जारी कइल गइल बा।

जेमे पहिला घंटी से लेके आठवीं घंटी तक के कॉलम बनल रही। शिक्षकन के कम से कम छह घंटा लिहल अनिवार्य रही। सब शिक्षकन के आपन रजिस्टर प्रखंड शिक्षा कार्यालय में जमा करे के होई। अब शिक्षकन के एक साल के एगो उपस्थिति पंजी ना रही। हर महीना के एगो उपस्थिति पंजी होई।

Tags :
Attandance rule changedBhojpuri NewsNew Rules For Teachersiwan news
Advertisement
Next Article