For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

एक दिवसीय गायन कार्यशाला: गोरखपुर में संगीत के दुनिया में एगो नया सफर के शुरुआत

07:53 PM Jan 17, 2025 IST | Minee Upadhyay
एक दिवसीय गायन कार्यशाला  गोरखपुर में संगीत के दुनिया में एगो नया सफर के शुरुआत
एक दिवसीय गायन कार्यशाला
Advertisement

गोरखपुर: गायन एगो अइसन कला हs जवन हमनी के जिनगी में खुशी, आनंद आ संतुष्टि लेके आवे ला। जे भी नवहा गायक/गायिका आपन कैरियर एह क्षेत्र में बनावल चाहत बा उ एकदिवसीय गायन कार्यशाला के माध्यम से एह कला के अउरी निखार सकेला।
गोरखपुर के नवहा गायक/गायिका खातिर ई कार्यशाला गोरखपुर के संस्थान स्वर द सोल आफ म्यूजिक के तत्वाधान में आयोजित हो रहल बा। संस्थान 'स्वर द सोल आफ म्यूजिक' के संस्थापिका अर्पिता चित्रा उपाध्याय हई. एह कार्यशला में प्रशिक्षक के रूप में आ रहल बाड़ें सारेगामापा से देश भर में मशहूर नामचीन गायक आकाश दुबे।

Advertisement

आकाश दुबे एगो अनुभवी गायक आ संगीतकार के रूप में आपन नाव स्थापित कइले बाड़े। एह कार्यशाला के माध्यम से भाग लेबे वाला प्रतिभागी लोग के गायन के बारीकी सीखी।सांस लेबे,आवाज के स्थिर करे आ स्वर के बदले, ओकर ठहराव,आ उठान के बारे में जानी।
ई एक दिवसीय गायन कार्यशाला संगीत के प्रेमी लोग खातिर एगो अद्भुत अवसर बा, जहां उ लोग अपना गायन कौशल के अउरी बेहतर कई सकत बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: 'बात कुछ पुरनका दौर के' जानीं 'महजबीन बानो' से 'मीना कुमारी' आ फेर 'ट्रेजेडी क्वीन' बनले के सफर

Tags :
Advertisement