टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पौधरोपण महाभियान : गोरखपुर के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में भइल पौधरोपण, विद्यार्थियन के कइल गइल जागरूक 

10:05 AM Jul 21, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

 

Advertisement

गोरखपुर (अरुण राय)। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर  विश्वविद्यालय के हिंदी एवं आधुनिक भारतीय भाषा तथा पत्रकारिता विभाग में ‘पौधरोपण महाभियान’ के अंतर्गत सनीचर के पौधरोपण कइल गइल।

विभाग के ओर पौधरोपण कs पेड़- पवधान के महत्व आ ओकरा संरक्षण के महत्ता के विषय पs विद्यार्थियन के जागरूक कइल गइल। हिंदी विभाग के विभागाध्यक्ष प्रो. दीपक त्यागी कहलें कि पेड़ हवा के गुणवत्ता के बेहतर बनावेला। पेड़ खाली प्रदूषण के कमे ना करेला आ हमनी के जिये खातिर ऑक्सीजनो देला। जवना से आवे वाली पीढियन के जिनगी सुरक्षित रहेला।

बीएजेएमसी आ एमएजेएमसी पाठ्यक्रम के समन्वयक  राजेश मल्ल कहलें कि आज जरूरत सतत विकास पs धेयान देवे के बा, ताकि आवे वाला पीढ़ियन के हमनी के स्वच्छ हवा आ बेहतर वातावरण प्रदान कs सकी सs।

एह दौरान पीपल, आम, पाकड़, नीम, बकैन, छितवन, अमरूद, मौलश्री, जामुन आदि के पवधन के रोपण कइल गइल। एह पौधरोपण कार्यक्रम में पत्रकारिता विभाग के समन्वयक प्रो. राजेश मल्ल, सहायक समन्वयक डॉ. रामनरेश राम, डॉ. नरेंद्र कुमार, डॉ. रजनीश कुमार चतुर्वेदी, डॉ. नरगिस बानो आ आउर विद्यार्थीगण एह अभियान में सक्रिय सहभागिता निभावल लो।

Tags :
Bhojpuri NewsDduDeen Dayal Upadhyaya Gorakhpur UniversityHindi and Journalism DepartmentPlantation of Plants
Advertisement
Next Article