For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पीएम मोदी टीम इंडिया के फोन कइले, टी-20 विश्व कप में जीत के बधाई देले, हार्दिक-सूर्य के बहुत तारीफ कइले

11:38 AM Jun 30, 2024 IST | Raj Nandani
पीएम मोदी टीम इंडिया के फोन कइले  टी 20 विश्व कप में जीत के बधाई देले  हार्दिक सूर्य के बहुत तारीफ कइले
Advertisement

टी-20 विश्व कप में जीत का बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एतवार के सबेरे भारतीय क्रिकेट टीम से फोन पर बात कइलन आ पूरा टीम के बधाई दिहलन । एह दौरान ऊ खास तौर पs रोहित शर्मा, विराट कोहली, हार्दिक पांड्या आ सूर्य कुमार यादव के तारीफ कइले।

Advertisement

टी-20 विश्व कप में जीत के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एतवार के सबेरे भारतीय क्रिकेट टीम से फोन पर बात कइलन आ पूरा टीम के बधाई दिहलन । एह दौरान ऊ रोहित शर्मा के बेहतरीन कप्तान पद खातिर बधाई दिहलन आ टी-20 कैरियर के तारीफ कइलन । संगही, ऊ फाइनल में विराट कोहली के पारी आ भारतीय क्रिकेट में उनका योगदान के तारीफ कइले।

पीएम मोदी हार्दिक पटेल के आखिरी ओवर आ सूर्य कुमार यादव के कैच के तारीफ कइलन । एकरा संगे-संगे ऊ जसप्रीत बुमराह के योगदान के भी तारीफ कइले। प्रधानमंत्री भारतीय क्रिकेट में राहुल द्रविड़ के योगदान खातिर भी धन्यवाद दिहले।

करोड़ों भारतीय दिल पर कब्जा कर लिहलस'।

एकरा से पहिले शनिवार के देर रात प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एगो वीडियो मैसेज जारी कs टीम इंडिया के जीत पs बधाई देले रहले। एहमें ऊ कहले कि, ‘आईसीसी पुरुष टी-20 विश्व कप में टीम इंडिया के एह शानदार जीत खातिर सगरी देशवासियन के तरफ से बधाई । आज 140 करोड़ भारतीय आपके प्रदर्शन पs गर्व महसूस करत होइहे। खेल के मैदान में रउआ विश्व कप जीतले रहनी, बाकी प्रतियोगिता में राउर प्रदर्शन करोड़ों भारतीय नागरिक के दिल पs कब्जा कs लेलस।'

बतावल जाव कि टीम इंडिया शनिचर के दिने बारबाडोस में खेलल गइल एगो रोमांचक मैच में दक्षिण अफ्रीका के 7 रन से हरा के आईसीसी पुरुष टी-20 विश्व कप 2024 जीत लिहलसि बाकिर टी-20 विश्व कप जीते खातिर दक्षिण अफ्रीका के 30 गेंद पर 30 रन के जरूरत बा 3-20 आ जसप्रीत बुमराह के 2-18 से नाबाद भारत के शनिचर के दिने केंसिंग्टन ओवल में सात रन के जीत का साथे सबले छोटका फॉर्मेट में आपन दुसरका खिताब जीते में मदद मिलल ।

Tags :
Advertisement