Bihar News : प्रशांत किशोर के थप्पड़ मार पुलिस अनशन से उठवलस, गिरफ्तार; BPSC प्रदर्शन खत्म, हंगामा के आशंका
पटना। बिहार लोक सेवा आयोग परीक्षा रद्द करावे के मांग के लेके अनशन पs बइठल प्रशांत किशोर अब राज्य सरकार खातिर आउर बड़ सिरदर्द बन सकत बा। गांधी मैदान में आमरण अनशन पs से उठवला के दौरान अड़ला पs एगो पुलिसकर्मी उनका पs थप्पड़ चला देलस। एकरा बाद प्रशांत किशोर के समर्थक साफ शब्दन में पुलिस के ओहिजा धमकी दिहल लो कि हाथ मत चलाई, बड़ बवाल हो जाई। गिरफ्तारी के दौरान प्रशांत किशोर पs हाथ चलावे वाला ई वीडियो अब वायरल हो रहल बा। एकरा से तनाव बढ़ला के आशंका बा। उनका के एम्स ले जावे के बात रहे, बाकिर कहां ले जाइल गइल बा- एकर जानकारी केहू के लगे नइखे आ ना केहू दे रहल बा। अनशन सबेरे करीब चार से पांच बजे के बीच बलपूर्वक खत्म करावल गइल।
तबीयत देख काल्ह डॉक्टर बोले पs लगा देले रहे लो
प्रशांत किशोर के तबीयत अनशन के दौरान बिगड़त रहे। अतवार के ई सबका सामने आइल रहे कि डॉक्टर लोग स्वास्थ्य के ध्यान में रखत उनका के बोले से रोक दिहल। भाषण देवे भा लमहर बातचीत से उका के मना कइल गइल रहे जवना से कंठ ना सूखे। बीपीएससी परीक्षार्थियन के पुनर्परीक्षा के मांग आ पेपर लीक के आरोपन के समर्थन में पीके आमरण अनशन पs रहस। सोमार के सबेरे उनका संगे तमाम प्रदर्शनकारियन के पुलिस गांधी मैदान से तितरबितर कs देलें। उनका के एम्स ले जावे के बात बतावल गइल, बाकिर हंगामा के देखत उनका के कहीं आउर ले जाये के जानकारी आ रहल बा। एह बारे में केहू के लगे पक्का आ औपचारिक जानकारी नइखे। हाथ चलावल गइला के बाद हंगामा के आशंका के देखत उनका के नौबतपुर ले जाये के सूचना आ रहल बा।
एम्स पहुंचके ना भइलें भरती, आशंका देख आगे बढ़ल पुलिस
उनका के एम्स ले जाइल गइल रहे, बाकिर उहां इलाज से मना करे आ भीड़ जुटला के आशंका के देखत पुलिस टीम नौबतपुर के आ लेके बढ़ गइल। अतवार के पीके कहले रहस कि 'नवगठित वाईएसएस के 51 सदस्यन में से 42 एह अंदोलन के जारी रखे के फैसला कइले बा लो। वाईएसएस के सब सदस्य अलग-अलग राजनीतिक संगठनन के हिस्सा बा आ छात्र-हित में आंदोलन खातिर एकजुट बा।' पटना में 29 दिसंबर के पुलिस बीपीएससी प्रदर्शनकारियन पs लाठीचार्ज कइले रहे, जवना के विरोध में पीके आमरण अनशन पs बइठल रहस।
पुलिस बतवलस स्वस्थ, अब कोर्ट में पेश करे के देलें जानकारी
पटना के डीएम डॉ. चंद्रशेखर सिंह बतवलें कि प्रशांत किशोर आ कुछ आउर लोगन के ओर से आपन पाँच सूत्री माँगन के लेके प्रतिबंधित क्षेत्र गांधी मैदान के गांधी मूर्ति के समक्ष अवैध ढंग से धरना दिहल जा रहल बा। प्रशासन उहां से हटके धरना खातिर निर्धारित स्थल गर्दनीबाग में जाये खातिर नोटिस देले रहे। प्रतिबंधित क्षेत्र में धरना देने के कारण प्राथमिकी दर्ज कइल गइल रहे। आग्रह करे आ पर्याप्त समय देला के बादो ना गइला के कारण सोमार के उनका के कुछ समर्थकन के संगे गिरफ्तार कइल गइल। सब लोग पूरा तरे से स्वस्थ बा। इनका के कोर्ट के सोझा प्रस्तुत करे के कार्यवाही कइल जा रहल बा।
Read Also: वीजा : भारत में दू गो नया वीजा कैटेगरी शुरू भइल, अंतरराष्ट्रीय छात्रन के मिली मदद