For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

रचनात्मकता के मौका देला रेडियो : डीडीयू के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में विश्व रेडियो दिवस पs भइल सेमिनार, HOD बोललें- विद्यार्थियन के उपलब्ध करावल जाई रोजगार के अवसर

02:38 PM Feb 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
रचनात्मकता के मौका देला रेडियो   डीडीयू के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में विश्व रेडियो दिवस पs भइल सेमिनार  hod बोललें  विद्यार्थियन के उपलब्ध करावल जाई रोजगार के अवसर
Advertisement

दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग में मंगर के विश्व रेडियो डे पs सेमिनार के आयोजन कइल गइल। पत्रकारिता परिषद के बैनर तले आयोजित कार्यक्रम में 'डिजिटल मीडिया के दौर में रेडियो की प्रासंगिकता' सब्जेक्ट पs विशेषज्ञ आपन विचार रखल लो।

Advertisement

एह दौरान विद्यार्थियन के संबोधित करत चीफ गेस्ट डॉ. ब्रजेंद्र नारायण कहलें कि डिजिटल मीडिया के ओर लोग तेजी से आकर्षित भइल बा, बाकिर आजो रेडियो के आपन वजूद आ महत्व बरकरार बा। ऊ कहलें कि समय के संगे एमे बहुत परिवर्तन भइल बा, बावजूद एकरा रेडियो के मूल भावना आजो प्रारंभिक चरण के बा।

प्रसार भारती के वरिष्ठ अधिकारी कहलें कि 'रेडियो रचनात्मकता के अवसर देला, जबकि डिजिटल मीडिया इंसान के बौद्धिक सोच के प्रभावित करेले।' डॉ. ब्रजेंद्र आगे कहलें कि रेडियो एतना व्यापक बा कि दिव्यांग व्यक्ति तक एकरा से मनोरंजन करेला आ आनंद लेला। रेडियो मनोरंजन के संगही जानकारियो देला। आकाशवाणी के 'विविध भारती' के सब तरे के श्रोता लोगन खातिर मनोरंजन के सर्वश्रेष्ठ प्रोग्राम बतावत डॉ. नारायण कहलें कि रेडियो के प्रासंगिकता आगहूं बनल रही। ऊ यूनिवर्सिटी के पत्रकारिता विभाग के स्टूडेंट्स के आकाशवाणी से जुड़े के प्रस्तावो देलें।

रेडियो का दौर कबो खत्म नइखे हो सकत

प्रोग्राम के संबोधित करत विशिष्ट अतिथि RJ नवीन पाण्डेय कहलें कि रेडियो के दौर कबो खत्म नइखे हो सकत। ऊ छात्रन के कम्युनिटी रेडियो के प्रक्रिया बतावत रेडियो से जुड़े के सुझाव देलें। RJ नवीन कहलें कि 10 स्टूडेंट्स के समूह बनाके क्लास के लेवल पs कम्युनिटी रेडियो के सुरुआत कइल जा सकत बा।

एकरा पहिले प्रोग्राम के सुरुआत करत पत्रकारिता कोर्स के कोऑर्डिनेटर प्रो. राजेश कुमार मल्ल कहलें कि जहां संचार के आउर माध्यम ऑडियंस के कल्पना शक्ति के सीमित करेला, ओहिजा रेडियो ओह लोगन के कल्पना शक्ति के विस्तार करत बा। इहे रेडियो के खासियत हs।

विद्यार्थियन के ट्रेनिंग खातिर लागी वर्कशॉप

प्रोग्राम के अध्यक्षता करत हिन्दी आ पत्रकारिता विभाग के अध्यक्ष प्रो. दीपक प्रकाश त्यागी कहलें कि छात्रन के रेडियो कार्यक्रम के बेहतर ट्रेनिंग देवे खातिर वर्कशॉप के आयोजन कइल जाई। एकरा खातिर फील्ड स्पेशलिस्ट के मदद लिहल जाई। प्रोफेसर त्यागी कहलें विभाग के कइयन स्टूडेंट्स अलग-अलग मीडिया संस्थानन में काम कs रहल बा लो। एही तरे रेडियो खातिर स्टूडेंट्स के प्रेरित कs के रोजगार के अवसर उपलब्ध करावल जाई। एह दौरान विद्यार्थियन के बनावल रेडियो के दुगो प्रोग्राम सुनावल गइल। ओहिजा, पत्रकारिता विभाग के मासिक पत्र 'विश्व संवाद' के दूसरका अंक के विमोचनो कइल गइल। ई 'रेडियो विशेषांक' के रूप में प्रकाशित भइल बा।

प्रोग्राम में ई लोग रहे मौजूद

एकरा पहिले पत्रकारिता परिषद के नया कार्यकारिणी निवर्तमान कार्यकारिणी के सदस्यन के सम्मान कइलस। संचालन प्रकृति त्रिपाठी आ साक्षी सिंह आउर आभार ज्ञापन पत्रकारिता कोर्स के असिस्टेंट कोऑर्डिनेटर डॉ. रामनरेश राम कइलें। एह दौरान डॉ. नरेंद्र कुमार, डॉ. संदीप यादव, डॉ. अभिषेक शुक्ल डॉ. ऋतु सागर, डॉ. अपर्णा पाण्डेय, प्रियंका नायक, डॉ. रजनीश कुमार चतुर्वेदी, डॉ. नरगिस बानो और आयुष सेंगर मौजूद रहे।

Tags :
Advertisement