टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

फिल्मफेयर सम्मान प्राप्त साहित्यकार मनोज भावुक के प्रतिष्ठित ' अंजन' सम्मान से नवाजल जाई

08:44 AM Nov 08, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोपालगंज। सुप्रसिद्ध साहित्यकार, फिल्म गीतकार आ भोजपुरी जंक्शन के संपादक मनोज भावुक के भोजपुरी साहित्य के प्रतिष्ठित ' अंजन सम्मान ' 2023 से सम्मानित कइल जाई।

Advertisement

एकरा पहिले ई सम्मान कन्हैया प्रसाद तिवारी ' रसिक ' (2018), भालचंद त्रिपाठी ( 2019), अनिल चौबे ( 2020), डॉ. अशोक द्विवेदी ( 2021) और डॉ. कमलेश राय ( 2022) के प्रदान कइल गइल बा।

विश्व भोजपुरी सम्मेलन के दिल्ली आ इंग्लैंड इकाई के अध्यक्ष आउर सारेगामापा जइसन शोज के प्रोजेक्ट हेड रहल मनोज भावुक भोजपुरी भाषा खातिर यूरोप, अफ्रीका, दुबई, मॉरिशस, नेपाल सहित कइयन देसन के यात्रा कइले बाड़ें। उनका के सिनेमा आ साहित्य के बीच एगो सेतु आ भोजपुरी सिनेमा के इनसाइक्लोपीडिया कहल जाला। हाले में उनका के फिल्मफेयर आ फेमिना के ओर सम्मानित कइल गइल। बिहार के राज्यपाल ' राज्य गौरव सम्मान' से नवजले। तस्वीर जिंदगी के आ चलनी में पानी इनकर चर्चित पुस्तक बाड़ी सs।

मनोज भावुक के अंजन सम्मान आ माधुरी राय के तीस्ता सम्मान से सम्मानित कइल जाई

मनोज के 'अंजन सम्मान' 22 नवम्बर 2023 के भोजपुरी के धाम अमही मिश्र, भोरे, गोपालगंज, बिहार में जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के तरफ से आयोजित साहित्यिक-सांस्कृतिक महोत्सव-6 में प्रदान कइल जाई।

एही कार्यक्रम में संस्कार गीतन खातिर वायरल लोकगायिका माधुरी राय के तिस्ता सम्मान से नवाजल जाई।

Tags :
Anjan Award -2023Bhojpuri LiteratureBhojpuri NewsFlimfare Award-2023Jai Bhojpuri Jai BhojpuriyaMadhuri RaiManoj Bhawuk
Advertisement
Next Article