For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

RG Kar Case: आरजी कर भ्रष्टाचार ममिला में ED के छापेमारी, पूर्व प्रिंसिपल आ उनकर पिता के आवास समेत कइयन जगह दबिश

12:15 PM Sep 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
rg kar case  आरजी कर भ्रष्टाचार ममिला में ed के छापेमारी  पूर्व प्रिंसिपल आ उनकर पिता के आवास समेत कइयन जगह दबिश
Advertisement

पश्चिम बंगाल में प्रवर्तन निदेशालय के कार्रवाई जारी बा। एह संबंध में ईडी कइयन जगहन पs छापा मरलस। आरजी कर मेडिकल कॉलेज आ अस्पताल में वित्तीय अनियमिततन के ममिला में कोलकाता आ उपनगरीय क्षेत्रन में कइयन स्थानन पs तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा। एमे अस्पताल के पूर्व प्रिंसिपल संदीप घोष के पिता सत्य प्रकाश घोष के आवास सामिल बा। टीम कोलकाता के चिनार पार्क इस्थित संदीप घोष के आवास पs छापेमारी कs रहल बिया।

Advertisement

जानकारी के मोताबिक, ईडी के अधिकारी कोलकाता के आरजी कर अस्पताल में कथित वित्तीय अनियमिततन के सिलसिला में गिरफ्तार कइल गइल पूर्व प्राचार्य संदीप घोष के करीबी लोगन के आवास आ कार्यालयन पs छापेमारी कइल। ईडी के अधिकारी कोलकाता के ताला इलाका में चंदन लोहया के फ्लैट आ कालिंदी इस्थित कार्यालय में छापा मरलें। ईडी के एगो आउर टीम उत्तर 24 परगना जिला के चिनार पार्क इस्थित घोष के पैतृक घर पs छापेमारी कइलस।

अधिकारी लोग बतावल कि हमनी के अधिकारी लोहया आ उनकर पत्नी से पूछताछ कs रहल बा लो। घोष टेंडर देवे में उनकर मदद कइले रहस। ईडी के एगो आउर टीम आरजी कर अस्पताल के उपकरण के आपूर्ति करे वाला संस्थान के कार्यालयन में दस्तावेजन के जांच कs रहल बा। सरकारी अस्पताल आ संस्थान के बीच कुछ संदिग्ध लेन-देन बा।

ईडी के संगे केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो (सीबीआई) सरकारी अस्पताल में कथित वित्तीय अनियमिततन के जांच कs रहल बा। सीबीआई एह ममिला में घोष आ उनकर तीन साथियन के गिरफ्तार कइले रहे।

साभार : अमर उजाला

Tags :
Advertisement