टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सीवान के पूर्व सांसद शहाबुद्दीन के शूटर रहल पंकज एनकाउंटर में ढेर 

12:01 PM Aug 07, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

मथुरा में  बिहार के सीवान के पूर्व सांसद रहल शहाबुद्दीन आ यूपी के माफिया मुख्तार अंसारी के एक लाख के इनामी शार्प शूटर पंकज यादव के बुध के सबेरे यूपी एसटीएफ मुठभेड़ में ढेर कs देलस। मथुरा के सारे थाना इलाका में बुध के सबेरे ई मुठभेड़ भइल। बतावल जा रहल बा कि पंकज यादव के संगे एगो आउर बदमाश रहे। ऊ भागे में सफल रहल।

Advertisement

कुख्यात अपराधी पंकज यादव उर्फ नखड़ू पुत्र राम प्रवेश यादव निवासी ताहिरापुर, रानीपुर, मऊ के ऊपर दु दर्जन से जादे हत्या आ आउर संगीन केस दर्ज रहे। पंकज यादव पs मऊ के चर्चित मन्ना सिंह हत्याकांड के गवाह रामसिंह आ उनका सुरक्षा में चल रहल आरक्षी सतीश कुमार के हत्या के आरोप बा।

पंकज यादव मुख्तार अंसारी, शाहबुद्दीन आ मुन्ना बजरंगी गैंग खातिर शार्प शूटर के काम करत रहे। मथुरा पुलिस अधिकारियन से मिलल जानकारी के अनुसार यूपी एसटीएफ के डिप्टी एसपी धर्मेश शाही के टीम फरह में रोसू गांव के लगे बुध के सबेरे करीब 5:20 बजे मुठभेड़ के दौरान पंकज यादव के ढेर कs देलस।

ओकर एगो आउर साथी भागे में सफल रहल बा। ई हिस्ट्रीशीटर पूर्वांचल के कइयन जिलन में हत्या आ आउर संगीन करीब दु दर्जन से अधिक ममिलन में वांछित चलत रहे। बदमाश के शव के कब्जा में लेके पुलिस जांच सुरू कs देले बिया।

Tags :
Bhojpuri NewsMukhtar AnsariPankaj Yadav Encountersahabuddinup news
Advertisement
Next Article